Home Samachar World बक्सर पहुंचली त्रिनिदाद के प्रधानमंत्री

बक्सर पहुंचली त्रिनिदाद के प्रधानमंत्री

E-mail Print PDF
share
पटना। त्रिनिदाद एंड टोबैगो के भारतीय मूल के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिस्सेसर बिहार में अपना पैत्रिक गांव भेलूपुर पहुंचे वाला बाड़ी, लेकिन प्रशासन के लेट लतीफी का चलते ओहिजा के तैयारी अभी ले पूरा नइखे भइल। त्रिनिदाद के प्रधानमंत्री के स्वागत करे खातिर बक्सर के भेलूपुर गांव के लोग पूरा तरह से तैयार बा, अउर अपना बेटी के कामयाबी पर गांव के बच्चा-बच्चा खुश बा। गांव में आज बेसब्री से त्रिनिदाद एंड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेस्सर के इंतजार हो रहल बाटे, अउर हर केहु उनकर एक झलक देखे खातिर बेचैन बा।

वइसे प्रशासन का ओर से तैयारी के ई हाल बा कि गांव में उनका हेलीकॉप्टर के उतरे खातिर हैलीपैड तक नइखे बनि पावल, जेकरा वजह से गांव वालन में भारी गुस्सा बा। गांव के मोहम्मद अमानुल्लाह के कहनाम बा कि या त सरकारी तंत्र एह घटना के महत्व नइखे समझत, आ ना त ऊ लोग एकरा खातिर तैयार नइखे।

अब सवाल इ उठता कि जब प्रशासन के पहिलहीं से पता रहे कि 11 जनवरी के पीएम कमला प्रसाद अइहन, त फेर काम समय से पूरा काहें ना भइल? गांव के बेटी दुनिया भर में देश के नांव रोशन कइ रहल बाडी, लेकिन प्रशासन अपना कारनामा से जग हंसाई करवाये पर आमादा बाटे।
 
 
Comments (1)
प्रशासन के लेट लतीफी
1 Wednesday, 11 January 2012 20:00
शशि कुमार सिंह
सरकार के ऐह रबईआ समझ से ओझाल बाs ..जब ई बात उ लोग के पहिले से मालुम रहल हवे तबो अबs ले कव्नो बेव्सथा कहे नखी भईल ऐकर बहाना खालि सरकारे के लगे भेटाई.......

सरकार के ऐह रबईआ सर्मसार करे बाला बाटे.....

तबो हम चाहम कि आब जे देरी भईल उ भईल आब आगे देखे के काम बाs उन्कर यात्रा के यादगार बनाबे के कवनि कमी ता छुटे के चाही........