जमशेदपुर। आपन जिनगी बचाये खातिर जुझ रहल लोगन के सहायता पहिलहुँ जय भोजपुरी परिवार कइले बा, अउर एक बेर फेर एगो दुखियारी महिला हमनी के सामने बाडी। एह तस्वीर के गौर से देखीं, इनिकर नांव उमा विस्वास हवे, अउर ई कैंसर से पीडित बाडी। ई फोटो काफी पुरान हवे, अउर अभी इनिकर चेहरा देखला के बाद नया फोटो खिंचे के हिम्मत ना होला। इनका परिवार में पति-पत्नी के अलावा एगो लइकी (13 साल) अउर एगो लइका (8 साल) भी बाटे। जिंदगी अउर मौत के बीच झूल रहल एह महिला के पति साइकिल पर घुम-घुम के बिस्कूट, पापड अउर एह तरह के छोट-छोट चीज बेचे लन, जवना से जइसे तइसे परिवार के गुजारा चलेला। इलाज खातिर दर-दर के ठोकर खा रहल एह परिवार के पीडा हमरा ना देखल गइल, जब आज सांझी खान ई बेहोश होके गिर गइली। हमनी के तनकियो सहायता एह महिला के जिनगी बचा सकेला, अउर हमनी के मानना बा कि "कवनो व्यक्ति खातिर, ओकरा परिवार खातिर, समाज खातिर, अउर मानवता खातिर केहु के जिनगी बहुत मूल्यवान होला।"
चूंकि उनका लगे कवनो बैंक खाता नइखे, ओह से रउआ आपन सहयोग राशि "भोजपुरिया डॉट कॉम" के बैंक खाता में भेज सकेनी, अउर एह अभियान के समाप्ति पर हमनी का उनका परिवार के ऊ राशि नकद में सुपुर्द करब जा, अउर ओह समय के फोटो भी एहिजा पोस्ट कइल जाई। सहायता राशि रउआ एह अकाउंट में चेक/कैश से जमा करा सकेनी:
State Bank of India (SBI), Jamshedpur Branch
IFS Code: SBIN0000096
A/c Number: 30219994536
A/c Name: BHOJPURIA.COM
सहायता राशि जमा कइला के बाद ओकर रसीद रउआ एह लिंक पर (http://www.jaibhojpuri.com/profiles/blogs/please-help-uma-biswas) पोस्ट कइ सकेनी। हमनी का निहोरा करब जा कि भोजपुरिया डॉट कॉम के विजिटर लोग एह अभियान में हाथ बढाव। राशि के कवनो बंधन नइखे, रउआ कवनो राशि सीधे एह बैंक अकाउंट में भेज सकेनी। एगो गरीब आ अभावग्रस्त परिवार के मदद खातिर अगर हमनी का सामने ना आयेब जा, त के आई? आईं, पीडित मानवता के सेवा कइल जाव...
जय भोजपुरी परिवार के पुरान अभियान एहिजा देखल जा सकेला:
गायिका अंशुमाला के मदद करीं
आईं, एगो जरुरतमंद के सहायता कइल जाव...




हम १ हजार रुपया के सहयोग धनराशी भेजत बानी...अउर भगवान से प्राथना करत बानी की उहा के जल्द से जल्द एह कष्ट से मुक्ति मिले अउर सवस्थ अउर सुखी जीवन व्यतीत करस..
जय भोजपुरी