लखनऊ। नवरात्र आ ईद से ठीक पहिले आज उत्तर प्रदेश सरकार होमगार्डन के अवैतनिक अधिकारियन के मानदेय हर महीना पचास रुपया आ जवानन के मानदेय में रोज खातिर 26 रुपया के बढोतरी क दिहलस।एकरा वजह से अवैतनिक कम्पनी कमांडर के 450 रुपया, सहायक कम्पनी कमांडर के 350 रुपया हर महीना आ जवानन के 126 रुपया हर दिन के मानदेय मिली। खाली एतने ना, बल्कि एकरा अलावा सार्वजनिक उद्यम, स्थानीय निकाय, शैक्षणिक संस्थानन का संगे- संगे शासकीय आ अर्ध शासकीय संस्थानन में निजी सुरक्षा गार्ड के स्थान पर प्रशिक्षित होमगार्ड के तैनाती अनिवार्य क दिहल गइल बाटे।
सरकारी प्रवक्ता के अनुसार होमगार्डन के निकाले से पहिले अब जिला कमांडेंट के जिलाधिकारी से अनुमति लेवे के होई। होमगार्ड के जीवन बीमा राशि भी दू लाख रुपया से बढ़ा के तीन लाख रुपया क दिहल गइल बाटे। ओह लोग के समस्या के निराकरण खातिर प्रदेश स्तर पर कमांडेंट जनरल, मंडल स्तर पर मंडलायुक्त आ जिलाधिकारी के अध्यक्षता में ग्रीवांसेज कमेटी भी बना दिहल गइल बाटे।


