Home Samachar Uttar Pradesh चलत बस में भइल छात्रा लोगन के उत्पीड़न

चलत बस में भइल छात्रा लोगन के उत्पीड़न

E-mail Print PDF
share
लखनऊ। का कहल जाव एकरा के...? अमानवीय, बर्बर अउर अतिसंवेदनहीन या बेशर्मी के हद? बाथरूम जाये खातिर जब छात्रा लोग अनुरोध कइल त ओह लोग के बस के सीढ़ी पर ही बइठे पर मजबूर कइल गइल। तबीयत खराब भइल, छात्रा लोग बेहोश होके गिर गइली, लेकिन दवा त दूर सहानुभूति आ दर्द बाँटल भी मुनासिब ना समझल गइल। अउर इ सब भइल चलत बस में, सैकडन किलोमीटर तक कहीं भी ना रुकल। तीन सौ किलोमीटर तक बंधक के तरह यात्रा कइला के बाद जब छात्रा लोग लखनऊ पहुँचली, त बस से उतरते बेहोश होके गिर पडली।

इ कारनामा के दोष के आरोपी स्नेहनगर आलमबाग स्थित स्वतंत्र ग‌र्ल्स डिग्री कॉलेज और वृंदावन कॉलोनी स्थित एसजी डिग्री कॉलेज के प्रबंधक दिनेश तिवारी (जे भोजपुरी सेवा संस्थान के अध्यक्ष भी बाडन) पर लागल बा। बीएड टूर के नाम पर भइल छात्रा लोगन के उत्पीड़न के बाद पीड़ित छात्रा लोगन के तहरीर पर कृष्णानगर पुलिस छेड़खानी, अभद्रता अउर अमानत में खयानत के दफा के तहत रिपोर्ट दर्ज कइलस, जबकि कॉलेज के प्रबंधक दिनेश तिवारी परिवार सहित फरार बाडन।   

पीडित लोगन के अनुसार लखनऊ स्थित एह दुनो कॉलेज के 131 बीएड छात्रा लोगन से बीएड टूर के नाम पर पांच-पांच हजार रुपया जमा करावल गइल। इ टूर उन्नाव, कानपुर, इटावा, फिरोजाबाद, आगरा, मथुरा, भरतपुर, जयपुर के संगे अउर कई शहर में ले जाये के रहे, जवना खातिर चार गो बस कइल गइल अउर एगो चार पहिया वाहन में प्रबंधक दिनेश तिवारी उनकर बेटा, बहू अउर परिवार के अन्य सदस्य के संगे रिश्तेदार लोग भी टूर पर गइल रहे लोग। पिछला 28 जनवरी के छात्रा लोगन के आगरा में उतारल गइल। हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार दिनेश तिवारी एगो नया कालेज खोलल चाह तारन, त एह कूल्ह लइकियन से दू दिन ले ओकर प्रचार कारवाल गइल, अउर फेर टूर ओहिजे ख़तम कइ के प्रबंधक लोग वापस आ गइल। कुल मिला के 131 लइकियन के ओहिजा 7 गो कमरा आ एगो हाल में राखल गइल रहे। ओकरा बाद एह सफ़र के बीच में बस ना रुकला का वजह से छात्रा लोगन के परेशानी का संगे-संगे बदतमीजी आ बेज्जती के भी सामना करे के पडल। ओह लोगन के बाथरूम तक ना करे दियाइल जेकरा बजह से आगरा पहुँचत पहुँचत ज्यादातर लइकियन के तबियत ख़राब हो गइल। छात्रा लोगन के आरोप बा कि प्रबंधक दिनेश तिवारी ओह लोगन के साथ अभद्रता कइलन अउर टूर वापस ले अइलन। वापसी में भी छात्रा लोगन के पानी तक भी ना नसीब भइल।

एह टूर के दौरान जहाँ कहीं भी बस रुकल, ओहिजा प्रबंधक के बेटा छात्रा लोगन के आसपास मंडरात रहे। सोमवार के बस से उतरते साथ पांच छात्रा बेहोश होके गिर गइली, अउर कुछ के उनकर अभिभावक लोग अस्पताल ले गइल त कुछ के पुलिस अस्पताल ले गइल। गुस्सा अउर आक्रोश में प्रबंधक के खिलाफ नारेबाजी करत छात्रा लोग स्वतंत्र ग‌र्ल्स डिग्री कॉलेज के घेराव कइल। वइसे अभी-अभी मिलल जानकारी के अनुसार उत्तर प्रदेश सरकार के उच्च शिक्षा मंत्री राकेश धर त्रिपाठी एह मामला के जाँच के आदेश दे देले बाडन, अउर एह मामला में विश्वविधालय के भूमिका भी संदिग्ध बतावल जा रहल बाटे।

पिछला साल अप्रैल में भी स्वतंत्र डिग्री कोलेज में गैर-कानूनी तरीका से बी.कॉम के पढाई के पता चलल रहे, अउर मान्यता रद्द करे के अनुशंसा भी भइल रहे, लेकिन ना जाने केकरा दबाव में विश्वविधालय ओह रिपोर्ट पर कुण्डली मार के बइठ गइल। वइसे ना जाने केकरा अनुमति से एसजी डिग्री कॉलेज एगो गेस्ट हाउस में चलावल जात रहे। एह मामला में पुलिस दिनेश तिवारी के बेटा विनय तिवारी के गिरफ्तार कइ चुकल बिया, अउर दिनेश तिवारी भागल-भागल फिर रहल बाडन। अब इ देखे के बा की लखनऊ में मुख्यमंत्री मायावती के राज में महिला उत्पीड़न के आरोपी खातिर का सजा तय होखत बा। (साभार: जागरण)
 
Comments (5)
शर्मनाक खबर !
1 Friday, 04 February 2011 11:46
नवीन भोजपुरिया
ई त बहुत शर्मनाक घट्ना बा आ एह के जेतना भी निंदा कईल जाउ ओतना कम कहाई । ई त दिनेश तिवरिया साफे एक नम्बर के लतखोर बुझात बा जी । एकरा लागत नईखे की एकरो परिवार बहु बेटी बा लोग !

बहुत ही शर्मनाक बहुत ही निन्दनीय , बहुत ही दुखद घटना ।
Dhunai hot to theek
2 Saturday, 26 February 2011 13:24
sant
131 chhatra rahin. Sab mil ke dhunai ka raha ooka.
others
3 Saturday, 19 March 2011 22:39
sanjay pandey
Tiwaraiya ta sachhu laat khaye wala kam kaile ba,ekra ke marla main kauno dosh naikhe.
about dinesh tiwari
4 Wednesday, 30 November 2011 16:39
Ashwani kumar singh
itna bd haramkhori k kam kaile ba e tiwariya
Utpiran ke bare me
5 Thursday, 08 March 2012 20:50
Shailendra sharma
E dineshwa k t bich chauraha pe sare ke mare layak ba. Aisan kartut kaile ba ki akra ke samaj me jiye ke kauno adhikar naikhe. Aisane logan ke ta srir pe dahi aur bheli dalke pillan se nochwawe layak ba.
click here