Home Samachar Uttar Pradesh 73 करोड़ के लाठी... तनकी संभल के...

73 करोड़ के लाठी... तनकी संभल के...

E-mail Print PDF
share
लखनऊ। अयोध्या विवाद पर 24 सितंबर के आवे वाला हाईकोर्ट के फैसला के मद्देनजर उत्तर प्रदेश सरकार परिस्थिति से निपटे के पुरी तैयारी कर रहल बिया। चाक चौबंद व्यवस्था के तहत सरकार पूरे प्रदेश भर में पुलिस के सबसे प्रभावी हथियार लाठियन के खरीद में जुट गइल बिया। अउर सरकार का ओर से एकरा खातिर 72.5 करोड़ रुपया के स्वीकृति मिल चुकल बाटे।

अयोध्या में विवादित स्थल के स्वामित्व विवाद पर फैसला 24 सितंबर के आवे वाला बा। आशंका बा कि फैसला जउन भी आये, कुछ जगह पर भीड़ प्रदर्शन कर सकत बिया। एही आशंका के तहत पुलिस खुद के मजबूत कर रहल बिया। हाल ही में कानून व्यवस्था के मुददा पर लखनऊ में भइल बइठक में पुलिस अफसर लोग इ मानलं की फोर्स के पास लाठी के काफी कमी बा।

लाठियन के खरीद 24 सितंबर के पहले ही करे के तैयारी बा। एगो पुलिस अधिकारी के अनुसार पुलिस विभाग में एके-47, इंसास रायफल, बुलेट प्रूफ जैकेट आदि के खरीददारी त होते रहेला, लेकिन लाठी खरीदे पर केहु के ध्यान ना जात रहे, लेकिन जब बइठक में इ मामला उठल त सरकार द्वारा तुरंत कारवाई भइल।

लाठियन के अधिकांश खरीददारी उतर प्रदेश के रामपुर जिला से हो रहल बाटे। इहँवा सामान्य लाठी के कीमत 300 रुपया बा, जबकि पॉलीकार्बोनेटेड लाठी के कीमत करीब 500-700 रुपया के बीच बा। विभाग अधिकांश पॉलीकार्बोनेटेड लाठी ही खरीद रहा बाटे, काहें कि एकरा पिटाई से दर्द त काफी होला, लेकिन जख्म ना होला।
 
Comments (2)
जिया हो जिया
1 Wednesday, 22 September 2010 21:37
Navin Bhojpuria
दर्द कुछ अईसन दिहा की सहाई ना
चोट कुछ की दोसरा के दिखाई ना
मार अईसन की केहु के बुझाई ना
मर गईल ना तब त कवनो बाते ना
बाचि गईल त केहु से बताई ना
==


बुझात बा इहे ध्यान मे राखि के लउर खरीदात बा ।

जय भोजपुरी
1-lathi-worth-73-crores
2 Tuesday, 28 September 2010 18:56
ravi kumar
lathi bass ka hai ki narkat ka................