रांची। झारखंड के पूर्व सीएम मधु कोड़ा से बुधवार के इनकम टैक्स डिपार्टमेंट के पूछताछ में कई गो बड़हन खुलासा भइल। एह में इहो पता चलल कि कोड़ा एही साल लोकसभा चुनाव के दौरान अपना सपोर्टरन के बीच में सैकड़न गो मोटरसाइकिल आ कार बंटले।एतने ना, अपना खजाना में आउर इजाफा करे खातिर माइन डिपार्टमेंट आ बिजली बोर्ड के भी जमकर दुरुपयोग कइल गइल। एह साल भइल लोकसभा चुनाव में कोड़ा सिंहभूम संसदीय क्षेत्र से बतौर निर्दलीय उम्मीदवार जीतल रहले। इनकम टैक्स अधिकारियन के कहनाम बा कि कोड़ा अपना सपोर्टरन के 600 मोटर साइकिल, 25 से 30 स्कॉर्पियो, बोलेरो आ दूसरा फोर वीलर गाड़ी खरीद के बंटले। एह मामला में इनकम टैक्स विभाग मोटर बाइक्स के दूगो शोरूमों में भी छानबीन कइलस। एह में से एक शोरूम से एक दिन में ही 200 बाइक्स खरीदल गइल रहे। अब आईटी विभाग ट्रांस्पोर्ट डिपार्टमेंट से एह गाड़ियन के रजिस्ट्रेशन के ब्योरा माँगे जा रहल बाटे।
कोड़ा पर माइन आ जिऑलजी मिनिस्टर आ ओकरा बाद में सीएम के तौर पर अपना पद के दुरुपयोग करे के भी इल्जाम बा। खानन के आवंटन के नाम पर 17गो कच्चा लोहा के खान के लीज पर देवे खातिर कोड़ा अपना ओर से कंपनियन के नाम के लिस्ट भेजले रहलन। एकरा अलावा कोयला के खदान आवंटन में भी कुछ प्राइवेट कंपनियन के फेवर देवे के आरोप कोड़ा पर बा। आरोप त इहो बा कि ऊ फरवरी 2008 में सिर्फ एक दिन में खान से जुड़ल 40 फाइलन के इधर से उधर कइले।
एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि 2004 के बाद से सभ खदान सौदा के जांच आईटी डिपार्टमेंट क रहल बाटे। सूत्रन के कहनाम बा कि कोड़ा के साथी लोग गल्फ के एगो कंपनी के लाइमस्टोन बिजनेस खातिर भी संपर्क कइले रहे। कोड़ा खुद लाइबेरिया में एगो माइन किनले रहले, आ ओकरा अलावा अपना पार्टनरन से थाइलैंड में भी जमीन किनवइले रहलन। अब तक के सबसे बडहन राजनैतिक घोटाला मानल जा रहल एह घोटाला के पइसा 12 देशन में निवेश करे के खबर भी लगातार आ रहल बाटे।


