वाराणसी। उत्तर प्रदेश में वाराणसी के शीतला घाट पर आज शाम गंगा आरती के समय भइल जबरदस्त विस्फोट में एक बच्ची की मौत हो गइल, जबकि 40 लोग घायल हो गइल। घायलन में छह गो विदेशी लोग भी शामिल बा। मंगलवार का दिन होखे के कारण गंगा आरती खातिर आज घाटन पर काफी भीड़ रहे, जवना में बड़ी संख्या में विदेशी लोग भी शामिल रहे।वइसे गृहमंत्री पी. चिदम्बरम 2 विदेशी लोगन समेत 21 लोगन के घायल होखे के पूष्टि कइ रहल बाडन। घटना के तुरन्त बाद आतंकवाद निरोधक दस्ता मौका पर पहुंच गइल, अउर ओहिजा से घायलन के अस्पताल भेजल गइल। राज्य के अपर पुलिस महानिदेशक (कानून व्यवस्था) बृजलाल के कहनाम बा कि ई विस्फोट दूध के कंटेनर में भइल। एही बीचे आतंकी संगठन इंडियन मुजाहिद्दीन एगो टेलीविजन चैनल के ई-मेल भेज के एह विस्फोट के जिम्मेदारी ले लेले बाटे, अउर एकरा के बाबरी मस्जिद के बदला के तौर पर बतावल गइल बा।
हमनी के मिल रहल सूचना के अनुसार एह घटना में साल भर के एगो बच्ची (स्वास्तिका) के मौत भइल बाटे, अउर घटनास्थल के पास से दूगो जीवित बम बरामद कइल गइल बाटे। विस्फोट से भइल धमाका एतना जबरदस्त रहे कि आसपास के मकानन में दरार आ गइल, अउर खिड़की टूट गइल। एह विस्फोट के बाद अफरातफरी मच गइल, अउर लोग एने-ओने भागे लागल। घायलन के अस्पताल में दाखिल करावल गइल बाटे।
एह विस्फोट के जगह काशी विश्वनाथ मंदिर से मात्र 750 मीटर दूर बा, अउर ई विस्फोट ओही जगह के नजदीक भइल बा, जहाँ सात मार्च 2006 (ओह दिन भी मंगलवार रहे) के विस्फोट भइल रहे। विस्फोट से मचल भगदड़ में गंगा आरती देख रहल कुछ विदेशी भी घायल हो गइलन। केन्द्रीय गृह मंत्रालय उत्तर प्रदेश सरकार से विस्फोट के बारे में पूरा जानकारी मंगले बाटे। पुलिस पूरा इलाका के घेराबंदी कइ लेले बिया, अउर आसपास के दोकान बंद कइल जा चुकल बाटे।
एह घटना के बाद एक ओर जहाँ मुख्यमंत्री मायावती आपात बैठक बोलवले बाडी, ओहिजे दोसरा ओर देश के सब प्रमुख शहरन में हाई-अलर्ट घोषित कइ दिहल गइल बाटे।


