रांची। आये वाला पंचायत चुनाव के दौरान नक्सली हमला के आसंका के वजह से झारखंड सरकार केंद्र से वायुसेना के एमआई 17 हेलिकॉप्टर मंगले बिया। एकर इस्तेमाल नक्सल प्रभावित क्षेत्रन के निगरानी, सुरक्षाकर्मियन के आवाजाही अउर अभियान खातिर जरूरी साजो सामान के आपूर्ति में कइल जाई। हेलिकॉप्टरन के तैनाती मुख्य रूप से रांची में करे के आग्रह कइल गइल बाटे। झारखंड सरकार केंद्र से कहले बिया कि पिछला कुछ दिन से नक्सली गतिविधि बढ़ गइल बाटे, अउर एही हिसाब से सुरक्षा बल के भी तैयारी करे के होई। झारखंड में 27 नवंबर से 24 दिसंबर तक पंचायत चुनाव के दौरान नक्सली हमला के आशंका से इंकार ना कइल जा सकेला। सुरक्षा बलन के भी एही हिसाब से तैयारी करे के होई। राज्य के संवेदनशील इलाकन के अलावा दूसरा राज्यन (बिहार, उड़ीसा, पश्चिम बंगाल) से सटल सीमावर्ती इलाका में भी नक्सलियन के खिलाफ अभियान चलाये के पडी, जवना खातिर झारखंड अभिये से तैयारी शुरू कइ देले बाटे।
सीआरपीएफ के स्पेशल डीजी सुभाष जोशी के झारखंड दौरा के बाद नक्सलियन के खिलाफ अभियान के रणनीति तैयार हो चुकल बा। कहे खातिर त जोशी जवानन के हौसला बढ़ाये आइल रहलन, लेकिन वास्तव में ऊ बड़हन अभियान के तैयारी खातिर आइल रहलन। संभव बा कि झारखंड में छठ के बाद कवनो बड़ा अभियान शुरू हो जाव।




एह लोगन के नीमन दाना दवाई कईल आज के जरुरत बा ।
शुभकामना बा हमार एह काम खातिर ।
जय भोजपुरी