Home Samachar Hot Topic अब राजस्थान में गूंजी रेडियो राघव के आवाज

अब राजस्थान में गूंजी रेडियो राघव के आवाज

E-mail Print PDF
share

अजमेर। आज बिहार में जन्मल एगो सपना राजस्थान के अजमेर में पूरा होखे जा रहल बा। जी हाँ, हमनी के आपन रेडियो राघव चलाये वाला राघव महतो के सपना आज पूरा होखे जा रहल बा, आ एकरा खातिर राघव के राज्यपाल के हाथ से पुरस्कृत भी कइल जाई।

भोजपुरिया डॉट कॉम आज से तीन साल पहिले बिहार के वैशाली जिला के मंसूरपुर से संचालित होखे वाला एफएम रेडियो के बारे में खबर देले रहे, त पूरा देश आश्चर्य में डूब गइल रहे। देश के लगभग सभ अखबार आ टीवी चैनल एह रिपोर्ट के हाथो-हाथ लिहले सन। लेकिन जब मामला बीबीसी आ सीएनएन के माध्यम से अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर आ गइल तब भारत सरकार जागल, आ बहुत कम उमिर में ही एह प्रतिभा के गैर-कानुनी बता के ओकर गला घोंट दिहल गइल। सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय ना सिर्फ पुलिस का मदद से ओकर स्टेशन के बंद करा दिहलस, बल्कि ओकरा के थाना के चक्कर भी लगाये के पडल।

खैर, आज ओही मंसूरपुर (वैशाली) के 24 साल के होनहार युवा राघव महतो द्वारा राजस्थान में बनावल रेडियो स्टेशन के सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के लाइसेंस मिल गइल बा। आ अजमेर के तिलोनिया में मंगलवार के सबेरे एह रेडियो स्टेशन के शुभारंभ सूचना-प्रसारण मंत्रालय के अधिकारी ही करिहें। रउरा के ई जान के आश्चर्य होई कि राघव महतो कवनो तरह के स्कूली पढ़ाई नइखे कइले, आ सामान्य अक्षर ज्ञान से ज्यादा ओकरा कवनो तकनीकी जानकारी भी नइखे।

राघव के कहनाम बा कि ऊ परिवार के आर्थिक मदद खातिर सीजन में टेंट-शामियाना के दोकान में काम करत रहे। शादी-वियाह, भाषण-प्रवचन के कार्यक्रम में ऊ टेंट लगावत रहे, आ लाउडस्पीकर के तार तानत रहे। एक दिन ओकरा मन में ख्याल आइल कि एगो छोट माइक के से निकले वाला आवाज एतना दूर कइसे चल जाला। ओकरा बाद ऊ एगो रेडियो मिस्त्री के पास गइलस, आ पुछलस कि भाई ई बाजा (रेडियो) कइसे बाजेला, त मिस्त्री कहलस कि ई बहुत टेक्नीकल चीज हवे। ओकरा बाद रोज ऊ ओह रेडियो दुकान पर बइठल शुरु क देहलस।

धीरे- धीरे क के ऊ रेडियो के रिपेयरिंग सीख गइल, आ ओकरा बाद ऊ एक दिन दूगो बांस के जोड़ के अपना ट्रांसमीटर के एह पर लगवलस, फेर एह ट्रांसमीटर के टेप रिकार्डर आ माइक से जोड़के लोकल फ्रीक्वेंसी तैयार कइलस, आ एही तरह शुरु भइल दुनिया से सबसे सस्ता एफएम रेडियो स्टेशन। भोजपुरिया डॉट कॉम पर ई खबर छपला के बाद रातोंरात ऊ दुनिया भर में छ गइलस। ओकरा बाद नयी दिल्ली के एगो संगठन डिजिटल इम्पावरमेंट फाउंडेशन (डीईएफ) के ओसामा मंजर ओकरा गाँवे जाके ओकरा मदद करे के कोशिश कइले। राघव के दिल्ली भी बोलावल गइल, आ एह केस स्टडी के बाद डीईएफ के लागल कि सामुदायिक रेडियो (कम्युनिटी रेडियो) के क्षेत्र में राघव के माडल दुनिया के सबसे सस्ता माडल हो सकेला। डीईएफ आ ओसामा मंजर के प्रयास से राघव के एगो नया दिशा मिलल।

देश के सामने पहिला बेर राजस्थान के अजमेर के बेयरफुट कालेज में राघव के द्वारा बनावल कम्युनिटी रेडियो, सूचना-प्रसारण मंत्रालय के अनुमति से 10 नवंबर के सार्वजनिक प्रसारण के विधिवत शुरुआत करी। एह मौका पर भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से राघव महतो, ओसामा मंजर, डीईएफ आ बेयरफुट कॉलेज प्रबंधन के शुभकामना। हमनी के आशा ही ना बल्कि पूरा विश्वास बा कि राघव महतो के सपना सांच भइला के ई खाली एगो शुरुआत ह, अभी ओकरा खातिर पूरा आसमान बाकी बा।

एह से संबंधित खबर पढे खातिर एहिजा क्लिक करीं: 
An American comes up to help Raghav Radio Radio
Raghav Radio may start again: Raghav
Raghav FM Radio may restart operations
Special Report on Raghav FM Radio by Osama Manzar
Bihar radio man gets help from NRIs
Hundreds want popular radio station revived
Raghav radio station looks for help
Rs. 50 FM Station at Muzaffarpur in trouble
Man sets up FM station for Rs 50 at Muzaffarpur
 
Comments (8)
जा झार के
1 Tuesday, 10 November 2009 20:02
Navin
बहुत बहुत बधाई बाटे राघव जी के
ऊ कहल जाला नु की " ज़रा सी भी लगन हो तो सच्चे सपने भी साकार होते हैं "
बस एही तारे बढ़त रहा राघव जी, आ करत रहा बिहार आ एह देश के नाम रोशन
उ कहल जाला नु " जा झार के, आ हिला द एह संसार के
badhai
2 Thursday, 12 November 2009 10:54
santosh samrat
bhut acaha raghav je khai ego man me sankalp kar ke koi bhi kam pura kiya ja sakta yah aap ne sedh kar deya hai app ke bhut bhut badhai jai bhojpuri samaj santosh samrat ke sabkara ke namsakar
congratulation
3 Sunday, 13 December 2009 21:44
AMRENDRA PRASAD
bihari mind ke kawno jod naikhe e dunia me .shaabash raghaw.
Comment
4 Wednesday, 16 December 2009 19:14
Dr. jawaharlal Giri
This type of news gives incouragement to other merit.
lage raho raghav bhai
5 Monday, 28 December 2009 20:18
nityanand bihari
i am nityanand bihari from patna ,and i am also an small ocassional singer .i am also going to launch an bhojpuri bhakti album in coming years
congrats
6 Tuesday, 30 March 2010 02:01
sourabh pandey
well done raghav bhai, its really being appreciable to all biharis who dreams and having courage to finalize their dream.
shabash!
about raghav
7 Saturday, 29 May 2010 17:22
ARUN KUMAR PARBAT
ye raghav tu sahi me chamatkar kar dela tahar jor kehu nahikehe tu bajor bara ho.
mubarakbad
8 Saturday, 21 August 2010 20:14
Heera Lal
Daer Raghav,
HAMARI MULAKAT SABSE PAHLE MANSOORPUR ME HUA THA,OR MAI APNE PRODUCT KA BAHUT PRACHAR KARYAYA THA, MUJHE MALOOM THA KI YAH EK VILKSHAN PRATIBHA HAI, US SAMAY SAMAJ NE TUME NAHI SWIKARA PRANTU AJJ TUM BAHUT AGGE BAD CHUKE HO. ES BAT KA HAME BAHOTT KHUSI HAI, UMMIT KARTE HAI KI TUM OR BHI AGGE APNA OR JILA KA NAM ROUSAN KAROGE.