कहल जाला कि पूत के पांव पालना में ही लउक जाला, आ अइसने कुछ हमनी के परिवार के सोशल नेटवर्क जय भोजपुरी डॉट कॉम का संगे भी हो रहल बा। अपना शुरुआत से मात्र तीन महीना के भीतर जय भोजपुरी डॉट कॉम दुनिया भर में भोजपुरियन खातिर सबसे प्रसिद्ध वेबसाइट बन गइल बाटे। दुनिया के 50 हजार पॉपुलर वेबसाइटन के लिस्ट में शामिल होखे के खातिर बड़-बड़ कंपनी लाखों रुपया खर्चा करेली सन, ऊ मुकाम हमनी के वेबसाइट खाली तीन महीना में हासिल क लिहलस, ई देखला के बादो विश्वास नइखे होत।
http://www.alexa.com/siteinfo/jaibhojpuri.com
http://www.alexa.com/siteinfo/bhojpuria.com
पिछला चार साल से हमनी के भोजपुरिया डॉट कॉम एह रैंकिंग में लगातार भोजपुरी वेबसाइटन में पहिला स्थान पर बनल रहल बा, आ अब त हालत ई बा कि भोजपुरी के के कहो, हिन्दी के भी 2-4 गो बडहन वेबसाइटन के छोड के कवनो हमनी से आगे नइखे। बिहार, उत्तर प्रदेश, झारखंड या फिर भोजपुरी के नांव पर चले वाली पर कवनो वेबसाइट के रैंकिंग 3-4 लाख से कम नइखे, जबकि जय भोजपुरी डॉट कॉम के ग्लोबल रैंकिंग 40 हजार हवे, आ भोजपुरिया डॉट कॉम के 49 हजार।
देश के सर्वश्रेष्ठ कल्चरल वेबसाइट (2006) के अवार्ड का संगे देश-विदेश में कई गो आउर अवार्ड जीत चुकल भोजपुरिया डॉट कॉम खातिर एह ग्लोबल शीर्ष रैंकिंग से भी बढके बा हमनी के पाठकन के प्यार आ विश्वास। चाहें ऊ राज ठाकरे के विरोध होखे, या भोजपुरी नाम बेचे वालन के विरोध, या फिर फिल्म इंडस्ट्री से जुडल कवनो विवाद, रउरा लोगन के जवन अपार सहयोग हमनी के मिलल, ओकर कवनो तूलना नइखे कइल जा सकत। एहिजा हमनी का इहो बतावल चाहेब कि एह दूनो वेबसाइट के बाद जवन वेबसाइट तीसरा नम्बर पर चल रहल बाटे, उहो भोजपुरिया परिवार के ही हवे। गीत भोजपुरी नाम के ई वेबसाइट ऑनलाइन भोजपुरी गीतन के सबसे बडा स्त्रोत बाटे। ओकरा संगे-संगे साहित्य के बढावा देवे खातिर भोजपुरी दर्पण नाम से एगो वेबसाइट के भी आगाज भइल बा। एह दूनो वेबसाइट के प्रबंधन एगो होनहार युवा शरत निखिल के हाथ में बाटे।
आज एह मुकाम पर हमनी का धन्यवाद दिहल चाहेब, अपना सब विजिटर लोग के, शुभचिंतक लोग के, आ पूरा भर देश के मीडिया के, जिनका बगैर शायद ई संभव ना रहे। पिछला लगभग पाँच साल से चल रहल एह सफर में, हमनी का समाज के प्रति अपना जिम्मेदारी पर हमेशा खरा उतरे के कोशिस कइले बानी जा, आ हमनी का रउरा के विश्वास दियावल चाहेब कि रउरा लोगन के सहयोग से, झूठ आ अन्याय के खिलाफ ई अभियान आगे भी जारी रही। एहिजा इहो बतावल जरुरी बा कि हमनी का हमेशा निष्पक्ष भाव से सच के साथ देले बानी जा, आ शायद इहे हमनी के सफलता के मूलमंत्र हवे।
अब, जबकि हमनी के ग्रुप के वेबसाइट पहिला तीनो स्थान पर बाडी सन, हमनी का इंतजार में बानी जा कुछ अइसन लोगन के, जे भोजपुरिया डॉट कॉम के भविष्य के साथ आपन भविष्य देख रहल होखे। अगर अन्याय के खिलाफ वेबसाइट से लेके सडक तक लडे के जज्बा होखे, सोच सकारात्मक होखे, आ अपना नाम से ज्यादा अपना भोजपुरी माई के सम्मान प्यारा हो, त रउरो एह टीम के हिस्सा बन सकेनी। आईं, भोजपुरी खातिर कुछ कइल जाव...




आ भोजपुरिया .काम के रचयिता के बहुत बहुत बधाई बाटे , उनकर विचार आ भोजपुरी खातिर प्रयास के तारीफ़ आ बधाई बाटे |
जी साईट ता नंबर १ होखे के रहल हटे काहे की भोजपुरिया लागल बाडन सा अपना माई भाषा खातिर , आ हम बहुत पाहिले लिखले रहनी ( ४००० सदस्य भईला के बाद, वोही में हेने होने कई के हम फेरु से लिखत बानी )
बहुत बहुत बधाई बाटे पूरा जय भोजपुरी परिवार के
इक नंबर हो गयनी जा हमनी के झार के
बस ऐसे ही बढ़त चले ई कारवां बहार के
सब लोगन में बाट्त चली सन्देश ई प्यार के
रुके के नईखे अब ता कतनो आई बाधा,
पर्वत मिलल ते निकल चले के ओकरा के फाड़ के
बहुत बहुत बधाई बाटे पूरा जय भोजपुरी परिवार के
इक नंबर हो गयनी जा हमनी के झार के
आगे आगे बढ़त चली बड़का थुनी (mile stone) गाड़ के
अब मंजिल दूर नईखे बढ़ चला तू अब दहाड़ के
ई जय भोजपुरी परिवार हा बाबु देख ला अंखिया चियार के
धरती से पानी निकाल दी धरती के सीना फाड़ के
अब न रुकी ई सेना जवन चलल बिया दहाड़ के
बहुत बहुत बधाई बाटे पूरा जय भोजपुरी परिवार के
इक नंबर हो गयनी जा हमनी के झार के |
बस ता ऐसे ही बढ़त चले के बाटे , आज साईट हिंदी आ अंग्रेजी में नंबर १ हो गईल बाटे कालहु एह साईट की पूरा विश्व में नंबर १ करे के बाटे आ साथ साथ में भोजपुरी समाज आ भोजपुरी भाषा के भी नंबर १ करे के बाटे |
इक बार फेरु से सब लोगन के बधाई ,
लेत रही बस ऐसे ही अंगडाई ,
आगे अभी बाटे और लड़ाई ,
चढे के बाटे बहुत चढाई |
आज साईट कालहु भाषा के नंबर १ बनाई
बस लेत रही ऐसे ही अंगडाई ,
भोजपुरी भाषा के नंबर इक बनाई ,
भोजपुरी समाज के नंबर इक बनाई|
बस चढत रहे के बाटे इसने चढाई ,
सब लोगन के खाचोलिया बधाई |
जय भोजपुरी
नवीन
MIL GAIL..PRASAD KHA K BHUT MIJAJ KHUS HO GAIL.
DHANYABAD...
Or dhanywad chhath ke parsadi khatir Adit baba or chhathi maia bhojpuria samaj or ah website ke din duni rat chauguni tarakki dewe.
Jai Ho Chhathi Maia
Aaj e jan ke bahut khusi bhael ki aaj ke kuch saal pahile Bhojpuri bol-la pe katna aadmi sab ke kharab lagat rahe lekin unkar log ke jabab aaj ahija bahut acha se mil rahal hoi. Asha ba ki bahut jaldi e hamni ke bhojpuri wala site sab kehu ke piche chor ke e aapan alag rasta me aage jae...Khair atna jaldi hamni ke site famouse ho gael kehu na sochle hoi. E sab den hate bhojpuri sadasya log ke, je je akra me samil bate even banawahu wala log ke bhi bahut bada haat ba....
Dhanybad,
ham aap se jural chahat bani,
JaiBhojpuri.com , bhojpuria.com , geetbhojpuri.com aur bhojpuridarpan.com ke bahoot bahoot badai.. aasha baa bhojpuria group sabse aage hoye .. chahe u hindi hoye chahe angareji.
MIL GAIL..PRASAD KHA K BHUT MIJAJ KHUS HO GAIL
लाल बिहारी लाल, गीतकार(भोजपुरी आ हिन्दी),नई दिल्ली
Bahut nik lagal ee site dekh ke.Eh holi par hooleleeeeeeeee......holi ha.
Holi ke rang me aeesan rangi ki sagari jindgi rangin ho jaye.
NEEMAN