Home Samachar Bihar बिहार में किताबन के खरीद पर बवाल

बिहार में किताबन के खरीद पर बवाल

E-mail Print PDF
share
पटना। मंत्रीगण अउर वरिष्ठ अधिकारियन के सगे-संबंधी लोगन के बियाडा के जमीन आवंटित भइला के वजह से उठल राजनीतिक बवाल अभी थमलो नइखे कि राज्य में विवादित किताबन के खरीद के लेके नया बवाल खड़ा हो गइल बाटे। राज्य के सरकारी स्कूलन के किताबन के खरीद खातिर एक-एक लाख रुपया दिहल गइल रहे, अउर कुछ लोगन के कहनाम बा कि ओह पइसा से स्कूलन में आरएसएस के संस्थापक डा. के बी हेडगेवार के जीवनी, हिंदुत्व अउर गोधरा जइसन विवादित विषयन के किताब खरीदल गइल बाटे।

इ आरोप राज्यसभा सदस्य अउर बिहार नवनिर्माण मंच के संयोजक उपेंद्र कुशवाहा रविवार के दिन एगो प्रेस कांफ्रेंस में लगवलन। स्कूलन द्वारा खरीदल किताबन के सूची जारी करत ऊ कहलन कि बिहार सरकार द्वारा  आरएसएस के एजेंडा गांव-गांव तक पहुंचाये के प्रयास कइल जा रहल बाटे। उमेश इहो आरोप लगवलन कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार धर्मनिरपेक्षता के आड़ में राज्य में आरएसएस के एजेंडा लागू करे के प्रयास कइ रहल बाड़न। एक तरफ जहाँ ऊ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी से हाथ मिलावत फोटो छपला पर परेशान होखला के स्वांग कइलन, अउर एक अणे मार्ग में आयोजित नरेंद्र मोदी के भोज रद कइ देहलन। ओहिजे दोसरा ओर, सरकारी स्कूलन में आरएसएस से संबंधित किताबन के सरकारी पइसा से खरीद करा रहल बाड़न।

उमेश कहलन कि अइसन ढोंग कइला से त बेहतर ई होई कि नीतीश कुमार भाजपा में शामिल हो जास अउर  खुलकर आरएसएस के प्रचार करस। बिहार नवनिर्माण मंच सात अगस्त के बैठक कइ के एह मुद्दा पर संघर्ष के रणनीति तय करी।