Home Samachar Bihar कनाडा के अखबार कइलस सुपर-30 के गुणगान

कनाडा के अखबार कइलस सुपर-30 के गुणगान

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार के राजधानी पटना में गरीब छात्रन के भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी) के प्रवेश परीक्षा के तैयारी कराये वाला चर्चित संस्थान सुपर 30 के संस्थापक कुमार आनंद के प्रशंसा कनाडा के एगो अखबार में भइल बा। कनाडा के चर्चित दैनिक अखबार 'द ग्लोब एंड मेल' आनंद के एगो अइसन जुनूनी नायक बतवले बा जे हर साल गरीब बच्चा लोगन के उंचाई छुये के सपना देखावत शिक्षा के माध्यम से ओह लोग के उहाँ पहुंचाये के प्रयास करत बाडन।

साल 2010 में आनंद के टाइम पत्रिका 'द बेस्ट ऑफ एशिया' में शामिल कइले रहे। न्यूजवीक पत्रिका सुपर 30 के विश्व के चार प्रयोगधर्मी विद्यालयन में शामिल कइले रहे। जापान के चर्चित प्रकाशक भूषण द्वारा प्रकाशित पुस्तक 'इनदो नो शोगकी' में आनंद के संघर्षपूर्ण जीवन अउर उनकर उपलब्धियन पर समर्पित एगो  पाठ बा। इ किताब जापान के मशहूर चैनल एनएचके के विशेष पत्रकारन के एगो दल द्वारा लिखल गइल बाटे।

एने, अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर हो रहल चर्चा के लेके आनंद के कहनाम बा कि उ खुश जरुर बाडन, लेकिन उ एकर सारा श्रेय अपना संस्थान के छात्रन के देत बाडन। आनंद के अनुसार एह बच्चा लोंगन के मेहनत के कारण ही उनकर प्रशंसा विदेश में हो रहल बाटे।