Home Samachar Bihar बिहार में 340 उम्मीदवारन में से 80 दागी

बिहार में 340 उम्मीदवारन में से 80 दागी

E-mail Print PDF
share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव में अब ले मान्यता प्राप्त राजनीतिक दल द्वारा घोषित 340 प्रत्याशियन में से 80 लोग अइसन बा, जेकर पृष्ठभूमि आपराधिक बा। एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म [एडीआर] अउर इलेक्शन वॉच द्वारा जारी भइल रिपोर्ट में एह बात के खुलासा भइल बा कि राज्य में होखे वाला विधानसभा चुनाव खातिर अब तक जारी प्रत्याशी लोगन के सूची में 80 प्रत्याशी अइसन बाडन जेकरा विरूद्घ मामला लंबित बा।

 

बिहार इलेक्शन वॉच के संयोजक कुमार अंजेश बतवलन कि आपराधिक पृष्ठभूमि वाला लोगन के प्रत्याशी बनावे में सबसे आगे भारतीय जनता पार्टी [भाजपा] बाटे। भाजपा द्वारा अब तक जारी भइल 87 लोगन के सूची में 41 गो अइसन उम्मीदवार बाडन जेकरा पर अपराधिक मामला चल रहल बाटे।

भाजपा के सहयोगी अउर सतारूढ़ जनता दल [युनाइटेड] के पहिला सूची में 73 प्रत्याशियन में 17 गो अइसन नाम शामिल बा, जेकरा विरूद्घ मामला लंबित बा। पिछला चुनाव में भी एह सूची में भाजपा नंबर एक पर रहे। ओहिजे लोक जनशक्ति पार्टी [लोजपा] द्वारा जारी भइल 38 लोगन के सूची में भी आठ लोग अइसन बाडन, जेकरा पर आपराधिक मामला चल रहल बा।

कुमार अंजेश के मुताबिक एह चुनाव में लोजपा के  सहयोगी पार्टी राष्ट्रीय जनता दल [राजद] के अब तक जारी 65 प्रत्याशी लोगन के सूची में नौ जबकि पिछला चुनाव में राजद के सहयोगी पार्टी कांग्रेस द्वारा जारी भइल 77 उम्मीदवारन के सूची में पाँच लोग दागी बा। एह मामला में ज्यादातर पार्टियन के रुख इहे बा कि जब ले अदालत कवनो व्यक्ति के दोषी नइखे करार देत, तब ले ओकरा के अपराधी नइखे मानल जा सकत।