भरत शर्मा 'ब्यास' के नाम भोजपुरी गायकी में कवनो परिचय के मोहताज नइखे. भोजपुरी गायकी के एह शलाका-पुरुष के हमनी का बात कइनी जा, उनुकर एलबम का बारे में, उनुकर कैरियर का बारे में आ भोजपुरी भाषा के बारे में... एहिजा हमनी का ओही बातचीत के खास अंश दे तानी जा:
बनारस। भोजपुरी संगीत जगत के भीष्म पितामह भरत शर्मा व्यास के एहिजा सीना में दर्द के शिकायत के बाद स्थानीय "सिंह मेडिकल, वाराणसी कैंट" में सोमवार के भर्ती करावल गइल। ओही समय उनकर जाँच के बाद तुरंत उनका के गहन चिकित्सा कक्श (आईसीयू) में भर्ती कइल गइल।