Home Music News सुर-संग्राम से कल्पना बाहर, मनोज बनले जज...

सुर-संग्राम से कल्पना बाहर, मनोज बनले जज...

E-mail Print PDF
share
अभी काल्हे हमनी का कल्पना के द्वारा भरत शर्मा से कइल व्यावहार पर एगो विशेष आलेख डलले रहनी ह जा, आ बहुत जल्दिये ओकर परिणाम भी हमनी का लगे आ गइल। अब एकरा के आपन इज्जत बचावे के कोशिस कहीं, या फिर कुछ आउर, लेकिन टेलीविजन रियलिटी शो के इतिहास में पहिला बेर कवनो प्रतिभागी का जगह जज के ही बाहर के रास्ता देखा दिहल गइल बाटे।

वइसे महुआ से जुडल सूत्र शो छोडे के पीछे के कारण कल्पना के व्यस्तता के बता रहल बाडे, लेकिन इंडस्ट्री के लोग भरत शर्मा का संगे भइल विवाद के एकर कारण मान रहल बा। कुछ लोग एकर कारण कल्पना के अनुबंध (कान्ट्रेक्ट) समाप्त होखला के बता रहल बा, लेकिन एह कार्यक्रम में आपन तय 35 एपिसोड के बाद भी कल्पना 2-3 गो आउर एपिसोड में काम कइले बाडी, ओह वजह से ई कारण माने लायक नइखे। वइसे भी चूंकि शो 35 एपिसोड के रहे, आ बाद में बढावल गइल, त एह वजह से खाली कल्पना के ना, बल्कि सब केहू के अनुबंध खतम हो चुकल रहे। कारण चाहे जवन कुछ भी होखे, लेकिन एह खबर से भोजपुरियन में खुशी के लहर दौड गइल बा।

वइसे हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार अगिला एपिसोड में शायद कल्पना आ भरत शर्मा के एक संगे देखा के मामला के ठंडा करे के कोशिस कइल जाई, लेकिन हम साफ- साफ कहल चाहेब कि कल्पना का संगे खडा भइला का बाद भी भरत शर्मा एह विवाद के अभी ले भुला नइखन पाइल, आ उनुका आत्मसम्मान के जवन चोट पहुँचल बा, ओकर भरपाई केहू का संगे स्क्रीन पर रहला से ना हो सकेला। “हमरा के एगो विशेष जज का तौर पर ओहिजा बोलावल गइल रहे, आ ओहिजा जब हम एगो आउर जज (कल्पना) के कॉमेंट पर आपन राय देहनी, त ओह में अइसन का गलत रहे कि हमरा के अइसन प्रतिक्रिया मिलल? हमनी के संस्कृति में त मेहमान के स्वागत कइल सिखावल जाला। हम एह तरह के आचरण से बहुत आहत बानी,” भरत शर्मा भोजपुरिया डॉट कॉम से खास बातचीत में कहनी। वइसे भी एह मामला में भोजपुरिया समाज के कडा प्रतिक्रिया ही एकर गंभीरता के अहसास करा रहल बाटे। वइसे महुआ खातिर राहत के बात इ बा कि प्रसिद्ध भोजपुरी गायिका शारदा सिन्हा अब सुर-संग्राम के कुछ नया एपिसोड खातिर विशेष जज के भूमिका में नजर अइहें।
 
एह विवाद के बाद सुर-संग्राम एगो नया विवाद में भी पडे जा रहल बा। एह बेर मामला पइसा के बा, आ ओकरा सामने केहू कवनो तरह के कॉम्प्रोमाइज करे खातिर तैयार नइखे। जब सुर-संग्राम शुरु भइल रहे, त ओह समय कुल मिला के 35 एपिसोड बनावे के बात भइल रहे, आ ओकरा हिसाब से ओकर प्रायोजक “राजा बिस्कुट” एगो रकम तय कइले रहे। लेकिन जब सुर-संग्राम ठीक-ठाक चले लागल त एकर निर्माता लोग एह में अश्वमेध यज्ञ के बहाने कुछ आउर एपिसोड जोड दिहल, आ ओकरा खातिर “राजा बिस्कुट” से दोबारा पइसा के माँग कइल गइल। “राजा बिस्कुट” के करीबी सूत्रन के कहनाम बा कि ऊ लोग जेतना “हर एपिसोड” के हिसाब से तय भइल रहे, ओतना एह नया एपिसोड खातिर देवे के तैयार भी रहे, लेकिन महुआ आ एकर निर्माता लोग उनुका से दोबारा लगभग उहे रकम एह नया (10-12) एपिसोड खातिर भी देवे के कहल, जवन रकम ऊ पहिले 35 एपिसोड के नाम पर देहले रहले। “राजा बिस्कुट” एकरा के अपना कांट्रेक्ट के खिलाफ बतवलस, आ देवे से इंकार क दिहलस। एकरा बाद एकर निर्माता लोग “व्हील” के नया प्रायोजक का तौर पर ले आइल। लेकिन अगर इंडस्ट्री के जुडल सुत्रन पर विश्वास कइल जाव त “राजा बिस्कुट” से आपन निजी संबंध के ध्यान में रखते हुये मनोज तिवारी शो के एंकरिंग से इंकार क देहलन। वइसे भी मनोज तिवारी के शायद लागत रहे कि “राजा बिस्कुट” का संगे एह मामला में नाइंसाफी भइल बा।

खैर, आज दिन भर कई गो मैराथन मीटिंग के दौर चलला के बाद ई फैसला लिहल गइल कि मनोज तिवारी अब सुर-संग्राम के एंकरिंग ना करिहें, बल्कि उनुका जगह रवि किशन के चुनल गइल बाटे। लेकिन चूंकि सुर-संग्राम से मनोज तिवारी पहिला दिन से जुडल बाडे, ओह वजह से ऊ ओकरा के छोडिहें ना, बल्कि अब ऊ कल्पना का जगह पर जज के रुप में नजर अइहें। एह मामला में हमनी का मनोज तिवारी के राय लेवे के काफी प्रयास कइनी जा, लेकिन उनुकर कॉमेंट ना मिल पावल।

एह सब घटनाक्रम के असर अभी दर्शक लोग के ना देखे के मिली, काहे कि अगिला तीन एपिसोड के शूटिंग हो चुकल बा, लेकिन अगिला शनिचर (3 अक्टूबर) से सुर-संग्राम बिलकुल अलग नजर आई। वइसे "राजा बिस्कुट" एह मामला के शायद अदालत में भी ले जा सकेला, जेकरा बाद पहिलहीं से अझुराइल ई कार्यक्रम आउर उलझ जाई। खैर मामला जेतना उलझ रहल बाटे, ओह में नुकसान खाली भोजपुरी के ही हो रहल बाटे।
 
Comments (21)
उचित फैसला
1 Wednesday, 23 September 2009 08:23
Rajnandan
कल्पना के बाहर कईल बहुत जरुरी रहल, बिना सोंचल समुझल अपना सीमा से बाहर आके बोले बाला लोगिन के उनकर जगह देखावल बहुत जरुरी रहेला । सुर संग्राम आ महुआ प्रबंधन के एह उचित फैसला पर हमरा तरफ से धन्यवाद!
- राजनन्दन, हांगजाऊ, चीन
एह फ़ैसला से हम बहुत खुश बानी
2 Wednesday, 23 September 2009 08:27
abhay singh
एह फ़ैसला से हम बहुत खुश बानी.
हम मालिनी के भी कहल चाहेब की उ हो पक्षपात कईल बंद कर देस ना त उनकरा भी बाहर के रसता देखे के परी .काहे की सुर संग्राम यू . पी और बिहार के लड़ावे खातिर नाही होत बा बल्कि एक अछा गायक के खोजे खातिर होत बा जो भोजपुरी के सान बढ़ा सके.
kalpana ke sur sangram se bidai
3 Wednesday, 23 September 2009 10:32
SUMAN KUMAR SINGH
ehe kahal jala bhagwan ke ghar der ba andhre naikhe,
kalpna ke phatkar
4 Wednesday, 23 September 2009 11:19
sanjay panday
barat sarma ji ke hmra parnam

kalpanwa ke sathe ehe hokhe ke chahi taki unkar aukat unhe pata chale

ki ham ka bani aur (vyash ji) ka bani

danyabad MAUA T V
BHOJPURI AA ASHLILTA
5 Wednesday, 23 September 2009 16:02
ANIL KUMAR SINGH
Bhojpuri bhasi aur oh se jural sabhe log ke pranam

Hamra yeh bat ke khushi ba ki bhojpuri bhasi log ka ek manch par aawe ke mouka milal ba. Ekra madhyam se aapan bat kahal ja sakela.
Agar gana ke chhetra me dekhal jao ta bhojpuri ke aapan ago sthan rahe, lekin samay ke sath sab badal gail. Gana me ashlil shabd ke prayog se bhojpuri ke na sirf ras khatam ho gail, balki okar u ijjat bhi na rah gail javan pahile rahe.
Bhojpuri ke yeh manch ke madhyam se ham raua sabhe ke hath jor ke kaha tani ki bhojpuri samaj ke sathe hot anyay ke khilaf awaj uthain. Ashlil gana ka sange oh gayak ke bhi birodh karin je ashlil gana gawela aa okar cd benchela. Bhojpuri samaj ke saf suthra banawe ke sankalp li. Taki awe wala phiri aeh dharohar ke sambhal ke age le jao.
Dhanyabad

Anil Kumar Singh
आकाश में जन थूक ए बबुनी...
6 Wednesday, 23 September 2009 22:13
Dr. Ravi Kant Dubey, HOD- Political Sc. M.V.College Buxar
भोजपुरी भाषा के आचार, व्यवहार, संस्कार और संस्कृति के सुरक्षित व संरक्षित करे में
आचार्य भारत शर्मा जी के सर्वोत्कृष्ट योगदान बाटे| उनकर अपमान करे वाला कभी भी
भोजपुरी जगत में सम्मान नहीं प्राप्त कर सकेला. आकाश में जन थूक ए बबुनी...
कल्पना को बाहर कर दिया
7 Thursday, 24 September 2009 15:53
PANKAJ KUMAR
भरत शर्मा व्यास भोजपुरी के एक प्रतिष्ठित कलाकार हैं ! उनका अपमान किसी भी सूरत मे बर्दास्त से बाहर है ! कल्पना द्वारा ये कहना "ये आपके रिश्तेदार है क्या?(एक प्रतियोगी के बारे मे)" बहुत ही घटिया मनोवृति को दर्शाता है! किसी बड़े कलाकार को इतनी घटिया बात कहते शर्म क्यों नहीं आई ?
अगर सही मे "सुर-संग्राम" से कल्पना को बाहर कर दिया गया है तो यह बहुत ही बढ़िया फैसला है !
पंकज कुमार "बाल्यान"
Ham log bhi bahut khus bani
8 Saturday, 26 September 2009 23:27
Dr.Bharat Bhushan
we r also very happy from this ruselt. but we r loving KLPANA. bah bhi achhi aurat hai. oh apne galti ko jarur mahsus karengi. kew-ki bhijpuri samaj unko(KLPANA JEE) Ko bhi kafi pyar karta hai.
right desition
9 Sunday, 27 September 2009 20:56
Ranjeet singh
This is right decision to remove kalpana from sur sargram.
Thankful 2 Manoj Baba and all.
comment
10 Saturday, 03 October 2009 16:14
neeraj singh
sur sangram me jo ho gaya usko bhul ke hame abhi ek new sire se sochna chahiye bibad aage barhane se koi faida nahi hai hame bhul jana hoga ki sur sangram se kalpan ka alaminat huaa hai aur hame sirf itna sochna chahiye ki sur sangram abhi samapt nahi huaa hai
kalpna ke sur sargram se hatay ke bare
11 Sunday, 04 October 2009 06:29
Mahesh Nand
jaisan ki khabar aael hai ki badtamichi kaela khatir kalpana ke sur sargram se hata dihal gael ba. bhale hi kalpana bhojpuri gana gayeli, lekin bhojpuri bhashi na hola ke chalte unkar gana me u dard na ayela usi tahar se u na jan payeli ki kekra se kaisan behave kari ke chahi. jawn bhael thik bhael.
mahesh nand choubey
कवना जज के फैसला में कहवाँ तक ईमानदारी बा ?
12 Tuesday, 06 October 2009 14:23
Rajnandan
प्रिय संपादक जी,
कल्पना के अलावे सुर संग्राम के कुछ आउर जज लोगिन (केहु के नाम लिहल हमरा उचित नइखे बुझात)के ईमानदारी पर भी कबो-कबो संदेह लागेला। अइसन कई बार देखे में आवेला कि कुछ अच्छा कलाकार के सुर में भी खा मा खा के नुक्श निकालल जाला आ उनुका के हतोत्साह कईल जाला।
किरिपा करिके एह विषय पर एगो लेख प्रकाशित करि के पाठक लोगिन के विचार मांगल जाव जेह से पता चल सके कि कवना जज के फैसला में कहवाँ तक ईमानदारी बा।
hahahahaha
13 Monday, 12 October 2009 21:16
xyz
e sab dhakosla ha hamni bhojpuriya log ke murkh banawe khatir,channel ke trp khatir e sab kail jala,
about bharat shrma
14 Wednesday, 14 October 2009 19:19
ROHAN BHARDWAJ
kalpana ke sayad patta naikhe ki jab se u bole ke na sikle hoihan ukra pahile se bharat sharma gawatarn. u ka jani bhojpuri smrat ke ijjat u ta assam ke hia.
Kalpana & Bharat Shama
15 Friday, 16 October 2009 11:15
Raju
Kalpana Ko Apne Upar Bahut Ghamand Hain
Do-Char Geet Kya Ga di ki Apne ko Judge samjhane lagi
Bharat Sharma Jaise Achhe Kalakar ka Apman kabhi bhulaya nahi ja sakta
isliye kalpana phir dubara aaye aur sursangrame ke manch par bharat Sharma ji se maphi mange.
Aur Jab tak is ka samadhan nahi ho jata ham sab kalakar manoj tiwari ji se bhi naraj rahenge.
kalpana' out from sur sangram
16 Saturday, 24 October 2009 14:54
Manoj Chauhan
This type of comment are like a baby crying .this is not good
Nature of kalpana
17 Saturday, 31 October 2009 17:12
anuj mishra
i think mahua channel did take a good dicision .because kalpana's nature was totally rude and misguideable.bharat sharma is a good person by nature andby fame also but which was happened that was very unbearable.
सुर-संग़ाम से नाखुस
18 Thursday, 12 November 2009 15:44
mahatma pandey
HUM LOG SUR SANGRAM SE KHUS NAHI HAI KYO KI UNHONE U.P AUR BIHAR KE LIYE BOT MANGA THA KI APNE PRADESH KE LIYE BOT KARO SABNE APNE PRADESH KE LIYE BOT KIYA LEKIN AAKIRI TAK NAHI BATAYA GAYA KI U.P JITA YA BIHAR
Bahut Achha bhail
19 Tuesday, 09 November 2010 17:46
Bimal kumar
Je apas me ladai unhi k bahar kar debe ke ba.kahe ki bihar-up bhai bhai k saman ba.
happy for out of kalpana in sur dangram
20 Saturday, 27 November 2010 12:31
GOVIND SINGH
so,iam very happy for kalpana out in sursangram.becasue kalpana is not sutaible for jaj chair.

sri bhart sharm is honable person in our country.
advice
21 Saturday, 05 May 2012 12:12
omnath
aapna ke lata mangeshkar mat samajh. bhojpuri k aanand la