Home Music News डांस रियलिटी शो होस्ट करिहें रवि किशन

डांस रियलिटी शो होस्ट करिहें रवि किशन

E-mail Print PDF
share
मुंबई। भोजपुरी अभिनेता रवि किशन जल्दिये एगो डांस रियलिटी शो में बतौर होस्ट नजर आये वाला बाडन। महुआ टीवी पर शुरू होखे जा रहल एह अनोखा रियलिटी शो के नाम बा "नाच नचईया धूम मचईया"। एह शो के विशेषता इ बा कि एह में भोजपुरी फिल्म जगत के दस गो नामचीन अभिनेत्री लोग बतौर प्रतियोगी हिस्सा लिहन जा, अउर अलग-अलग शहरन में ऑडिशन कइ के ऊ लोग अपना-अपना खातिर डांस पार्टनर के चुनाव करिहन।

एह शो में भोजपुरी के स्टार अदाकारा रिंकु घोष, अक्षरा सिंह, गुंजन पंत, स्मृति सिन्हा, उर्वशी चैधरी, संगीता तिवारी, क्रिशा खण्डेलवाल, लवी रोहतगी, मिस जम्मू अनारा गुप्ता अउर आईटम गर्ल सीमा सिंह अपने डांस पार्टनर के साथ जोड़ी बना कर प्रतियोगिता करिहन। एह शो में अपना डांस पाटनर्स के खोज खातिर अभिनेत्री लोग 29 जुलाई से बिहार, यु. पी. अउर झारखण्ड के प्रमुख शहरन में जा रहल बाटे।

एह शो के होस्ट रवि किशन के अनुसार "नाच नचईया धूम मचईया" आम डांस रियलिटी शो से हटके बा, जेकरा में बिहार-उत्तर प्रदेश के आम प्रतिभाशाली लइकन के आपन प्रतिभा दिखाये के एगो नया मंच मिली।

 

 

 
Comments (2)
दीन दासा फिलिम जगत के कुछ पातर बुझा ता का दो
1 Thursday, 28 July 2011 00:29
नवीन भोजपुरिया
का जाने कवन हावा चलल बा , बुझला फिलिम ओलिम अब बनत नईखे का ? मय के मय हिरोईनिया अब टी वी सिरियल मे काम करिहन स !

माने मेन मेन इहे लो बा आ अब ई लो फिलिम से बहरी आ के महुआ के सिरियल पे आईल बा लो !

गाना गावल जाउ !

निमिया के डाढी मईया लावे ली हिलोरवा की झुली हो झुली ना ...
request
2 Thursday, 01 September 2011 19:17
vijay
kahi audition hokhi ta hamro ke email par batai ja bhaiya log..