Home Music News भरत शर्मा के तबियत में सुधार

भरत शर्मा के तबियत में सुधार

E-mail Print PDF
share
बनारस। भोजपुरिया समाज के आम लोगन के, अउर भोजपुरी गायक भरत शर्मा के प्रशंसकन के, दुआ काम आइल, अउर भरत शर्मा के तबियत में काफी सुधार देखल जा रहल बाटे। भरत शर्मा ना सिर्फ आईसीयू से बाहर आ चुकल बाडन, बल्कि 1-2 दिन में उनका के अस्पताल से छूट्टी भी मिले के उम्मेद बाटे।

उनकर इलाज कइ अहल डा. अशोक कुमार सिंह, डा. अखिलेश कुमार सिंह अउर डा. जे. एस. दुबे के अनुसार भरत शर्मा जी के तबियत में अब काफी सुधार बा, अउर 1-2 दिन के ऑब्जर्वेशन के बाद ऊ घरे जा सकेलन। जब भोजपुरिया डॉट कॉम के टीम एह बारे में भरत शर्मा से बात कइलस, त ऊ अपना स्वास्थ्य सुधार खातिर डाक्टरन के अथक प्रयास के धन्यवाद दिहलन, अउर अपना प्रशंसकन के प्रति आभार जतवलन, जे उनका स्वास्थ्य लाभ खातिर भगवान से दुआ कइल।

"भगवान के दया से आ अपना प्रशंसकन के दुआ आ आशीर्वाद से अब हम बिलकुल ठीक बानी, आ जल्दिये हम वापस काम पर लउट जाइब। एह मौका पर हम सिंह मेडिकल के पूरा टीम के धन्यवाद दिहल चाह तानी, जे हमरा इलाज में दिन-रात लगा दिहलस," भरत शर्मा भोजपुरिया डॉट कॉम से कहलन।

भोजपुरिया डॉट कॉम के पूरा टीम आ समूचा भोजपुरिया समाज के शुभकामना भरत शर्मा का संगे बा, अउर हमनी का उपरवाला से प्रार्थना करब जा कि भरत शर्मा एही लेखां सालों-साल भोजपुरिया समाज के झंडा लेके आगे बढत रहीं।
 

Related news items: