लखनऊ। भोजपुरिया समाज के बहुप्रतिक्षित एलबम “चाहत में सनम” एहिजा के स्थानीय श्रीउमानाथ बली प्रेक्षागृह में लोकार्पित कइ दिहल गइल। एकर लोकार्पण अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभुनाथ राय अउर ईटीवी उत्तर प्रदेश के पंकज श्रीवास्तव द्वारा कइल गइल।एह एलबम के बारे में बतावत प्रभुनाथ राय एकरा के अश्लीलता के खिलाफ लडाई के एगो हिस्सा बतवलन। ऊ कहलन कि भोजपुरी में अश्लीलता ना कबो रहे, ना बा, आ नाही कबो रही। कुछ मतिभ्रम लोग जरुर ओकरा के फैलाये के कोशिश कइ रहल बाटे, लेकिन वइसन गायकन के लोग जल्दिये भूला जाला। प्रभुनाथ राय एह एलबम खातिर भोजपुरिया म्यूजिक अउर भोजपुरिया डॉट कॉम के प्रयासन के सराहना भी कइलन।
एह मौका पर मौजूद भोजपुरिया म्यूजिक के मुख्य कार्यकारी अधिकारी सुधीर कुमार एकरा के भोजपुरी संगीत खातिर एगो ऐतिहासिक पल बतवलन। “भोजपुरी संगीत में अश्लीलता के उलटी गिनती अब शुरु हो गइल बाटे। हमनी के प्रयास बा कि ज्यादा से ज्यादा लोगन तक हमनी का एह तरह के साफ-सुथरा संगीत पहुँचाईं, ताकि आम लोगन के मन में भोजपुरी संगीत के पुन:प्रतिष्ठित कइल जा सको। हमनी के प्रयास बा कि लोग अपना घर में भी भोजपुरी गीत सुन सको,” सुधीर कुमार कहलन।
नवका पीढी के लोकप्रिय गायक पंकज प्रवीण के गीतन से सजल एह एलबम में कुल आठ गाना बा. जवन कि रिलिज भइला से पहिले ही काफी चर्चित हो चुकल बाटे। मूलत: रोमांटिक थीम पर बनल एह एलबम में पारिवारिक आ सामाजिक विषयन पर कई गो गीत बा। एह एलबम के “पहिला पहिला प्यार”, “चाहत में सनम” आ “सोनू जी के पापा” जइसन गीत एकरा रिलीज से पहिलहीं लोगन के जुबान पर चढ चुकल बाटे। एह एलबम के बारे में एकर निर्माता नवीन भोजपुरिया के कहनाम बा कि ई एलबम भोजपुरी संगीत के दशा आ दिशा बदले में सक्षम साबित होई।
एकरा प्रोमो का वजह से इंटरनेट के दुनिया में काफी प्रचलित हो चुकल पंकज प्रवीण एकरा रिलीज से काफी उत्साहित बाडन। “हमरा भरोसा बा कि भोजपुरी के भूलाये में लागल नवका पीढी खातिर ई एलबम ओह लोगन के अपना माटी के संगीत से जुडे के प्रेरणा दी,” पंकज प्रवीण कहलन। बहुत जल्दी ही एकर कॉलर ट्यून सभ प्रसिद्ध मोबाइल ऑपरेटर के नेटवर्क पर भी उपलब्ध हो जाई।
भोजपुरी गीतन में व्याप्त अश्लीलता के खिलाफ मुहिम में भोजपुरिया म्यूजिक के एह प्रयास में सुरेन्द्र पाण्डेय के सुमधुर संगीत से सजल एह एलबम में रउआ के भोजपुरी लोकधुन का संगे पाश्चात्य संगीत के प्रभाव सुने के मिली। अपना रिलीज के पहिले ही काफी चर्चा आ चुकल एह एलबम के विमोचन समारोह में जय भोजपुरी डॉट कॉम के कुछ स्थानीय सदस्यन के अलावा भारी संख्या में मीडियाकर्मी मौजुद रहलन।



बहुत-बहुत बधाई ,भोजपुरी गीतं के उत्थान के लिए आप जो प्रयास
शुरू किया है उसके लिए. भोजपूरी के अस्त्तितव कों जीवित रखना होगा.
हम भी आप के साथ हैं.
प्रदीप श्रीवास्तव
निज़ामाबाद आन्ध्र प्रदेश
I HOPE that it will be continued without any hindrence. With this i appeal to you, plz give some space for those poets who are newcommers in the industry. thanks.
so pankaj this is my spacial thanks to you and also bless too for your bright future.
e BALLIA WALA KE ASHIRWAD AUR PYAR BA SATH ME SARA BHOJPURIWASI KE SNEH BA KI TU EGO NAYA DHUMKETU BANA.
Bahut jaroori ba saph-suthara gana ke, such batea t bhojpuri gana sune ke man na karela kahe hi itana ganda words and sentence ke use hola, but roula log ke prash saphal hokhe e hamar kamana ba....
From.. Amit Kumar sharma
Vill. Patedha, Post.Balahu, Tehsil Daruali, Distt-Siwan
आपके बेहतर भविष्य की शुभकामनाएँ.
-रामरक्षा मिश्र विमल
Pankaj Praveen & Bhojpuria Music Company
Very Very Good & Best of Luck for Future
Thanks
Dhiraj