Home Culture Festivals 'नहाय-खाय' का संगे शुरु होई महापर्व छठ

'नहाय-खाय' का संगे शुरु होई महापर्व छठ

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार, झारखंड अउर उत्तर प्रदेश के प्रमुख लोकपर्व छठ एह साल अतवार के व्रतियन के 'नहाय-खाय' के साथ शुरु होई। व्रत राखे वाला लोग एह दिन नहा-धोआ के अरवा चावल, चना दाल अउर कद्दू के सब्जी खाई। एह दिन खाना में सेंधा नमक के ही प्रयोग कइल जाला। दोसरा दिन, यानि सोमवार के कार्तिक शुक्ल पक्ष पंचमी के मौका पर दिनभर व्रत राखे वाला लोग सांझी खान विधि विधान से रोटी अउर रसियाव (गुड़ से बनल खीर) के प्रसाद तैयार करी, अउर 'खरना' के पूजा के एकरा के ग्रहण करी।

एकरा बाद, मंगलवार के उपवास रख के सांझी खान व्रत रखे वाला लोग नदी, तालाब अउर अन्य जलाशयन में जाके अस्ताचलगामी सूर्य के अर्ध्य अर्पित करी, फेर बुधवार के उदीयमान सूर्य के दूसरा अर्ध्य अर्पित कर के लवटला के बाद आपन व्रत तोडी। एहिजा ई ध्यान दिलावल जरुरी बा कि संसार में शायद ई अपने आप में अकेला पर्व हवे, जब उगत सूर्य से पहिले डूबत सूर्य के पूजा कइल जाला।

छोट-छोट गांवन से निकल के मुंबई अउर चेन्नई के "बीच" पर आपन वर्चस्व जमा चुकल एह महान पर्व के अवसर पर भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से शुभकामना।