नई दिल्ली। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दिल्ली सरकार से लोक आस्था के महापर्व छठ के अवसर पर एक नवंबर के सार्वजनिक अवकाश घोषित कइला के मांग कइले बाडन। आज नीतीश कुमार दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के लिखल एगो पत्र के प्रति मीडिया में जारी कइलन, जवना में ऊ लिखले बाडन कि राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में लाखन के संख्या में बिहार, झारखंड अउर पूर्वी उत्तर प्रदेश के लोग रहेला, अउर ऊ लोग महापर्व छठ के मनायेला।नीतीश इहो लिखले बाडन कि 31 अक्टूबर के उपवास के साथ शुरू हो रहल एह महापर्व के दौरान एक नवंबर के श्रद्धालु लोग अस्ताचलगामी सूर्य के अर्ध्य अर्पित करी। ओकरा बाद दो नवंबर के उगत सूर्य के अर्ध्य अर्पित कइला के बाद ई महापर्व समाप्त होई।
मुख्यमंत्री कहलन कि दिल्ली में छठ पर्व मनाये वालन खातिर अगर एक नवंबर के सार्वजनिक अवकाश घोषित कइल जाता, त पर्व करे वालन अउर उनका परिवार वालन खातिर काफी सहूलियत होई।



