पटना। बिहार के राजधानी पटना के 10 सर्कुलर रोड पर स्थित राज्य के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सरकारी आवास पर एह साल लोकपर्व छठ के गीत ना सुनाई दी। छठ के मौका पर लोगन के चहल-पहल, अउर मीडिया के केन्द्र में रहे वाला ई घर एह साल सूना-सूना रही। आरजेडी के राज्य मीडिया प्रभारी रणधीर यादव एहिजा शनिचर के बतवलन कि एह साल पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी अपना पति अउर सांसद (पूर्व रेलमंत्री) लालू प्रसाद यादव के दिल्ली स्थित सरकारी आवास 25, अकबर रोड पर ही छठ पर्व मनइहन। एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि लालू अउर राबड़ी देवी के पटना स्थित सरकारी आवास पर हर साल छठ मनावल जात रहे। परंपरा के अनुसार राबड़ी देवी हर साल पूरा भक्ति भाव से छठ पूजा करेली, जवना में उनकर पूरा परिवार, अउर पार्टी के कई गो नेता लोग शामिल होला।
छठी माई के अराधना खातिर उनका सरकारी आवास में एगो तालाब भी बनवावल गइल बा, अउर छठ के मौका पर ओहिजा हर साल सांस्कृतिक कार्यक्रमन के भी आयोजन होत रहेला।


