Home Culture Festivals छठ: पटना में 23 घाट खतरनाक

छठ: पटना में 23 घाट खतरनाक

E-mail Print PDF
share
पटना। पटना के जिलाधिकारी संजय कुमार सिंह एहिजा छठ से पहिले घाटन के दौरा कइलन, अउर भगवान भास्कर के अर्ध्य देवे खातिर गंगा नदी के किनारे बनल 23 गो घाटन के असुरक्षित अउर खतरनाक बतावत व्रतियन से ओकर उपयोग ना करे के कहलन।

पटना सिटी से दानापुर तक चिन्हित कइल गइल 23 खतरनाक घाटन के असुरक्षित अउर खतरनाक बतावत जिलाधिकारी व्रतधारियन से तालाब, घर के छत आदि के उपयोग में ले आये के सलाह भी दिहलन। उनकर कहनाम बा कि दानापुर में सबसे बेसी 10 घाट, पटना सिटी में आठ अउर पटना सदर में पांच घाट असुरक्षित चिन्हित कइल गइल बाटे।

एकरा अलावा सुरक्षित छठ खातिर जिलाधिकारी नाव के उपयोग ना करे के, आतिशबाजी ना करे के, लावारिस चीजन के ना छूवे के, अउर अफवाहन पर ध्यान ना देवे के सलाह देले बाडन। शांतिपूर्ण ढंग से पूजा मनाये खातिर ऊ स्थानीय नागरिकन अउर व्रतिधारियन से जिला प्रशासन द्वारा दिहल दिशा निर्देश आ सलाह के माने, अउर प्रशासन के काम में सहयोग करे के अपील कइलन।