Home Culture Festivals बिहार में छठ पर विशेष बस के व्यवस्था

बिहार में छठ पर विशेष बस के व्यवस्था

E-mail Print PDF
share
पटना। महापर्व छठ के मौका पर एक ओर जहाँ ट्रेन में खडा होखे के भी जगह नइखे मिलत, ओहिजे बस वालन के ई पहल गाँवे जा रहल लोगन खातिर राहत के खबर बन के आइल बाटे। यात्रियन के बढ़त संख्या अउर उनकर सुविधा के ध्यान में राखत बिहार राज्य सड़क परिवहन निगम अउर निजी बस मालिक लोग विशेष बस चलाने के घोषणा कइले बाटे। एकर शुरुआत आज निगम द्वारा 10 गो विशेष बस के चलवला से हो गइल।

निगम के संचालन प्रमुख ए. के. ठाकुर एहिजा कहलन कि आज से पटना से लेके उत्तरी बिहार के सीतामढ़ी, कटिहार, निर्मली तक बस चलावल जाई। एकरा अलावा यात्रियन के संख्या बढ़ला के बाद मुजफ्फरपुर अउर रक्सौल तक भी विशेष बस चलावल जाई।

निगम के अलावा निजी बस संचालक लोग भी बिहार के अलावा पश्चिम बंगाल अउर झारखण्ड के कई प्रमुख शहरन तक विशेष बस सेवा चलाई। एगो निजी संचालक के अनुसार पटना से बनारस खातिर बियफे से ही बुकिंग प्रारम्भ हो गइल रहे। एकरा अलावा पटना से मुजफ्फरपुर, छपरा, सिवान, मधुबनी, गया, सीतामढ़ी तक भी विशेष निजी बस चलावल जा रहल बाटे।

बस संचालक लोग के कहनाम बा कि ई सेवा तीन से चार नवंबर तक चलाये के योजना बाटे, लेकिन लोगन के मांग पर ई अवधि बढ़ावल जा सकेला।
 
 
click here