Home Culture Festivals देश भर में आस्था के पर्व छठ के धूम

देश भर में आस्था के पर्व छठ के धूम

E-mail Print PDF
share
जमशेदपुर। बिहार आ उत्तर प्रदेश के घाटन से निकल के छठ पर्व पूरा देश में कवना लेखां फैल चुकल बाटे, ओकर अंदाज काल्ह सांझी खान अउर आज सबेरे देश भर में नदी के किनारे लागल। ना सिर्फ बिहार-उत्तर प्रदेश के लोग, बल्कि एक पल खातिर त अइसन लागल कि सारा देश ही नदी के किनारे छठी मइया के अराधना खातिर जुट गइल बाटे। एक ओर जहाँ कई जगह से हिन्दु लोगन का संगे-संगे मुसलमान आ सिख भाईयन के भी छठ मनाये के खबर आ रहल बाटे, ओहिजे दोसरा ओर घाट के किनारे सब सम्प्रदाय के लोगन के छठ-व्रतियन खातिर चाय-बिस्कुट, दतुअन आ अरघ खातिर दुध के व्यवस्था करत देख के लागल कि ई पर्व एह देश के एक सूत्र में बाँध देले बाटे।

एकमात्र साक्षात देवता का रुप में भगवान सूर्य के उपासना के एह पर्व में मुंबई से लेके असम तक, आ पंजाब से लेके तमिलनाडू तक, हर जगह नदियन के किनारे भारी भीड जुटल रहे। आ सबेरे अरघ के बेरा में एह भीड के उत्साह देखे लायक रहे, आ अरघ के बाद हर केहु प्रसाद के रुप में ठेकुआ ग्रहण करे खातिर आतुर दिखल। ई छठी माई के कृपा ही रहे कि एह पर्व में जाति-धर्म आ ऊँच-नीच के हर दिवार गिरत दिखल, घाट पर मौजुद हर आदमी सिर्फ श्रद्धालु रहे, आ "माई" के आशीर्वाद खातिर ओहिजा आइल रहे।   

छठी माई के प्रति लोगन के बढत आस्था के कारण कई गो बा, लेकिन एक बात त सारा दुनिया मानेला कि ई अपने आप में अकेला पर्व हवे, जवना में डूबत सुरज के पहिले अरघ दिहल जाला, आ ओकरा बाद उगत सुरज के प्रार्थना कइल जाला। जाति-धर्म के दिवार तूडत ई पर्व अपना पिछे बहुत सारा अइसन संदेश छोड जाला, जवना पर अगर आदमी अमल करो, त समाज से बहुत सारा परेशानी अपने आप खतम हो जाई।

छठी मइया रउआ लोगन पर आपन कृपा बनवले राखस...

Related news items:

 
Comments (1)
Mahapuja
1 Thursday, 23 December 2010 00:19
Bunty kumar
Chat puja is one of the most peaceful,purity and very enjoyful festival in Bihar for Hindus.
I like chat puja so much b'coz we all frnds involves for cleaning and decorate the our colony in chat puja and all of us enjoy the mahapurv