वाराणसी। गंगा, गंगा के घाट आ धरोहरन से सजल काशी बॉलीवुड के फिल्म निर्माता लोगन के पहिला पसंद बनत जा रहल बाटे। पिछला दस साल में सेल्यूलाइड के नक्शा पर ई शहर प्राइम लोकेशन बन के उभरल बा।
बात 1956 से शुरु कइल जा सकेला, जब बंगला फिल्म पॉथेर पांचाली के शूटिंग खातिर सत्यजीत रॉय के टीम एहिजा चौसट्टी घाट के आसपास पहुंचल रहे। एकरा बाद ऊ एहिजे अपराजिता, अपूर संसार, जय बाबा फेलूनाथ के शूटिंग पूरा कइलन। उनुका बाद तपन सिन्हा, मृणाल सेन, ऋत्विक घटक जइसन बंगला फिल्मन के निर्देशक लोग एहिहा खिंचात चल आइल। ओकरा बाद बारी आइल ऋतुपर्णो घोष के, जेकि ऐश्वर्या राय आ पूरा टीम के लेके कई दिन तक चोखेर बाली फिल्म खातिर एहिजा जुटल रहली।
एही बीचे दीपा मेहता के फिल्म वॉटर के विषय वस्तु के लेके भइल विवाद के कारण कुछ दिन तक एहिजा शूटिंग रोके के पडल रहे। लेकिन एह से बनारस के फिल्मी फिजा में कवनो खास अंतर ना पडल। राज कुमार संतोषी के घातक, अभिषेक बच्चन के दूगो फिल्म बस इतना सा ख्वाब है, आ बंटी और बबली काफी चर्चा में रहली सन। रानी मुखर्जी भी बंटी और बबली के अलावा लागा चुनरी में दाग के शूटिंग में हिस्सा लेहली। एकरा अलावा पंकज पाराशर के फिल्म बनारस ए मिस्टिक लव स्टोरी में डिम्पल, राज बब्बर, उर्मिला मांतोडकर, आ अस्मित पटेल एहिजा आइल रहले।
एह कुल्ह यादगार आ बड़ बजट के फिल्मन के निर्माण से भोजपुरिया दायरा में कैद बनारस के एगो विशाल फलक मिलल बाटे। अगर अइसन हालत में फिल्मी पंडित एह उभरत माया नगरी में काशीवुड के अक्स देख रहल बाडे, त ना ही एह में ना कुछ आश्चर्य बा, आ नाही गलत।
भोजपुरी फिल्मों खातिर सब कुछ
वाराणसी आ आसपास के क्षेत्रन में भोजपुरी फिल्म, धारावाहिक आ एलबम की शूटिंग लगातार होत रहेले। गंगा मइया तोहे पियरी चढ़इबो, नदिया के पार, ससुरा बड़ा पइसा वाला, दरोगा बाबू आई लवयू, गंगा आ आउर ना जाने केतना भोजपुरी फिल्म के शूटिंग एहिजा भइल बाटे।
लोकप्रिय लोकेशन
गंगा घाट, घाट के सीढी, गंगा पार रेती, छोट- छोट गली, मंदिर, रामनगर किला, बीएचयू, आ सारनाथ फिल्मकारन खातिर लोकप्रिय लोकेशन ह।
ऑस्कर भी मिलल
फिल्म जगत खातिर ऑस्कर के पुरस्कार सबसे महत्वपूर्ण बा, आ वाराणसी के इहो मिल चुकल बाटे। दुनिया भर में चर्चित डाक्यूमेंट्री फिल्म स्माइल पिंकी में मणिकर्णिका घाट पर शवदाह के काम करे वाला लइकन के काम के सराहना चारों ओर हो रहल बाटे। एह फिल्म के मांट्रियल वर्ल्ड फिल्म फेस्टिवल, सॉपलो पुरस्कार ब्राजील, लॉस एंजिलिस इंडियन फिल्म फेस्टिवल आ इंडियन डाक्यूमेंट्री प्रोड्यूसर एसोसिएशन से भी पुरस्कार मिल चुकल बाटे।
चुपचाप जारी बाटे कामकाज
जवना तरह से आमिर खान तीन दिन तक बनारस में रहले आ केहू के कानोंकान खबर तक ना भइल, ओही तरह कई गो निर्देशक एहिजा लगातार आवत रहेले। एह में राज कुमार संतोषी के नाम लिहल जा सकेला, जे कि अपना फिल्म अजब प्रेम की गजब कहानी के सफल बनाये खातिर मंदिर आइल रहलन। मुंबई से एगो टीम सपेरन के जिंदगी पर वित्त चित्र बना के सोमवार के वापस लवट गइल। ओहिजे कई गो आउर टीम अभियो शहर में बिया।
जे बनल एहिजे से स्टार
वाराणसी से फिल्म उद्योग के क्षेत्र में कई कलाकार, गीतकार आ निदेशक के नाम शामिल बा। एह में कन्हैया लाल, सुजीत कुमार, नजीर हुसैन, लीला मिश्रा, पद्मा खन्ना, गोपी कृष्ण, राकेश पांडेय, निर्मल पांडेय, अंजान, एस एन त्रिपाठी, समीर, स्मृति मिश्रा, मनोज तिवारी, आ रवि किशन के नाम मुख्य रुप से लिहल जा सकेला। (स्त्रोत: जागरण)



जहा लोग लन्दन और मारीशस में जा के भोजपुरी में सूटिंग करत बा ओजुगा बालीवूड के लोग भोजपुरिया क्षेत्र में आ के फिलिम के शूटिंग करत बा , एगो तमाचा बा वोह लोगन के ऊपर जे ई सोचत बा की फिलिम के लोकेसन खाली देश के बहरी बा |
बहुत बहुत धन्यवाद एह खबर खातिर ।
जय भोजपुरी , एगो भोजपुरिया
hamani ke mati ke khushubu bhi
ab kul aori fielat bate har-har gange
har -har mahdev
yours, n m pandey,satyabhama,atul,ranjana,padam,nidhi,vipin,siddharth,kanha & all ramavapur diwadi (mamas) family & uncle , aunty ,neha aur medha all pandey family jogia udaipur siddharth nagar up 272207