भोजपुरी के पहिला ट्रेड पत्रिका होखे के दावा करे वाली एगो पत्रिका भोजपुरी सिटी द्वारा आयोजित भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड भारी कुव्यवस्था अउर सबके सम्मानित करे के कवायद के कारण विवादन के बीच संपन्न भइल। एह समारोह के सबसे मजेदार बात ई रहे कि इंडस्ट्री से जुडल हर व्यक्ति के पहिलहीं पता रहे कि केकरा कवन अवार्ड मिले जा रहल बाटे। एतने ना, भोजपुरी खातिर समर्पित लोगन के एह समारोह से दूर राखल गइल रहे।