मुंबई। भोजपुरी के नवोदित अभिनेत्री भावना तिवारी, जे अपना परिवार के एक मात्र कमाए वाला सदस्य रहली ह, मुंबई में रेल से यात्रा करत समय ट्रेन से गिर के बुरी तरह जख्मी हो गइली। एतने ना, एह हादसा में उ आपन बाँया हाथ भी खो देहले बाड़ी।भावना तिवारी पिछला मंगलवार के मीरा रोड स्थित अपना घर जात रहली, जहाँ चलत ट्रेन में उनकर पैर फिसल गइल, जेकरा वजह से उ ट्रेन से निचे गिर गइली। गिरला के साथ ही उनकर बाँया हाथ ट्रेन के पहिया के निचे आ गइल, अउर घटनास्थल पर ही उनकर बाँया हाथ कट गइल। एह घटना के बाद रेलवे अधिकारी अउर जीआरपी के मदद से उनका के भगवती अस्पताल में भरती करावल गइल, जहाँ उनकर इलाज चल रहल बाटे।
भावना उत्तर प्रदेश के कानपूर के निवासी बाड़ी, अउर चार साल पहिले ऊ हिरोइन बने के सपना लेके मुंबई आइल रहली ह। उहाँ उ अपना माता-पिता के संगे रहत रहली ह। हाल में ही निर्देशक सुजीत पुरी के निर्देशन में भावना एगो फिल्म "रंगीला राजा बाबू" शुरु कइले रहली ह।
दुख के एह घडी में भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार उनका संगे बा, अउर हमनी का उनका जल्दी ठीक भइला के कामना कइ रहल बानी।




Regards
J B Tiwarii