जमशेदपुर। भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी काल्ह एहिजा चुनाव प्रचार के सिलसिले में जमशेदपुर अइलन। दिन भर प्रचार के बाद रात के करीब दस बजे से 2 बजे ले होटल के कमरा में भोजपुरिया डॉट कॉम के संचालक सुधीर कुमार का संगे डिनर पर उनकर लमहर बातचीत भइल। एहिजा हमनी का ओह बातचीत के खास हिस्सा प्रस्तुत कर तानी जा, जवना में मनोज तिवारी अपना जीवन के कई गो अइसन पहलू पर भी खुल के चर्चा कइलन, जवन आम तौर पर मीडिया के नजर से दूर रहेला।अपना बारे में
अभी काफी व्यस्त बानी। हाल में ही एगो नया कार (ऑडी क्यू-3) किननी ह। अपना निजी जीवन में हम एगो झंझावात से गुजर रहल बानी, लेकिन उम्मेद बा कि जल्दिये सब कुछ सामान्य हो जाई। हम जहाँ बानी, ओहिजा पहुँचाये में फैन लोगन के काफी बडहन योगदान बा।
परिवार के बारे में
अभी हमार पारिवारिक जीवन बहुत ही कठिन परिस्थिति से गुजर रहल बाटे। हमार पत्नी हमरा के तलाक दिहल चाह तारी, अउर हम उनकर इच्छा के पूरा करे खातिर मजबूर बानी। अभी भी करीब 6 महीना के समय (कोर्ट द्वारा दिहल समय-सीमा) बा, हम चाहेब कि कवनो चमत्कार होखो, आ हमार परिवार बिखरे से बच जाव।
राजनीति के बारे में
भारत के राजनीति में बढिया लोगन के जरुरत बा, लेकिन चुनाव लडे में जवन खर्चा होला, ऊ सबका बस के बात नइखे। चुनाव आयोग के चाहीं कि कुछ अइसन व्यवस्था कइल जाव कि आम आदमी भी चुनाव लड के सत्ता के शीर्ष तक पहुँच सके।
बाबा रामदेव के बारे में
बाबा रामदेव जवन काला धन अउर भ्रष्ट्राचार के मुद्दा उठवले बाडन, ऊ बहुत बढिया बा। एह देश के हर नागरिक के चाहीं कि भले ही ऊ बाबा रामदेव के समर्थन करे या ना करे, लेकिन एह मुद्दा के समर्थन जरुर करो।
महुआ चैनल के बारे में
महुआ चैनल जब शुरु भइल रहे, तब भोजपुरिया समाज के ओह से काफी उम्मेद रहे। लेकिन ऐने कुछ दिन से लागता कि महुआ समाज के त छोडीं, कलाकारन के भी बात नइखे सुनत। सुर-संग्राम पार्ट-2 के फाइनल भी अभी ले ना भइल, जवना वजह से दर्शक लोगन में काफी आक्रोश बा।
जमशेदपुर के बारे में
जमशेदपुर में हम कई बेर प्रोग्राम कइ चुकल बानी, अउर एह शहर के बारे में एगो खास बतावल चाहेब - भोजपुरी गायकन के एगो बडहन तबका में ई बात काफी मशहूर बा कि जे जमशेदपुर में एगो सफल प्रोग्राम कइ लिहल, ओकरा के भोजपुरी में स्थापित गायक मान लिहल जाला। एहिजा के लोगन के जवन प्यार, सम्मान आ स्नेह हमरा मिलल बा, ऊ हमरा खातिर अनमोल बा।
भोजपुरिया डॉट कॉम के बारे में
पिछला साल जब हम बिग बॉस के घर में रहनी, तब भोजपुरिया डॉट कॉम द्वारा भेजल छठी माई के प्रसाद ओहिजा मिलल। सांच कहीं त ऊ हमरा जिनगी के एगो यादगार पल बन गइल। वीना मलिक, महाबली खली, डॉली बिंद्रा अउर अन्य लोगन के बीच छठी माई के प्रसाद पाके एक ओर जहाँ हम भाव-विभोर रहनी, ओहिजे बाकी प्रतिभागी लोग आश्चर्यचकित रहे, कि जवना बिग बॉस के घर में बाहरी चीजन के प्रवेश असंभव बा, ओहिजा ई प्रसाद कइसे आ गइल।
एगो बात अउर, मनोज तिवारी के मानना बा कि भोजपुरिया समाज से जुडल हर मुद्दा पर "सच" लिखे के जवन साहस भोजपुरिया डॉट कॉम कइ रहल बाटे, ओकर दोसर उदाहरण भोजपुरी त का, हिंदी पत्रकारिता में भी मुश्किल से देखे के मिलेला।



