Home Cinema News फिल्म प्रचारक प्रशांत के असामयिक निधन

फिल्म प्रचारक प्रशांत के असामयिक निधन

E-mail Print PDF
share
पटना। प्रसिद्ध फिल्म प्रचारक प्रशांत के असामयिक निधन से पूरा भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री सदमा में आ गइल बाटे। भोजपुरिया डॉट कॉम के मिलल जानकारी के अनुसार प्रशांत के निधन आज सबेरे एगो सडक-दुर्घटना में हो गइल, जब ऊ लखनऊ से पटना लौटत रहलन। ई दुर्घटना जगदीशपुर (आरा) का लगे राष्ट्रीय राजमार्ग पर भइल, जवना में उनका संगे सुजीत मिश्रा के भी निधन हो गइल।

स्व. प्रशांत अभी मात्र 22 साल के रहलन, अउर एतना कम उमिर में उनकर पहिचान भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के एगो बडहन प्रचारक का तौर पर हो गइल रहे। अपना भाई निशांत का संगे मिल के ऊ "एंटरटेनमेंट मीडिया" नामक एगो कंपनी चलावत रहलन, जवन भोजपुरी फिल्मन के प्रचार-प्रसार अउर जन-संपर्क के काम देखेले। भोजपुरी फिल्मन के अलावा कई गो भोजपुरी कार्यक्रम अउर भोजपुरी टीवी चैनल "महुआ" के भी प्रचार-प्रसार के जिम्मा एही कंपनी का लगे बा।

उनका संगे आ रहल सुजीत मिश्रा महुआ पर चल रहल रियलिटी शो "सुर संग्राम" के क्रियेटिव डाइरेक्टर रहलन। फिल्म अभिनेता रवि किशन एह लोगन के निधन से व्यथित दिखलन, अउर एकरा के भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री अउर भोजपुरिया समाज खातिर एगो अइसन क्षति बतवलन, जेकर भरपाई संभव नइखे। रवि कहलन कि ऊ एह लोगन के कई साल से जान तारे, अउर सुजीत त उनका खातिर एगो नया प्रोजेक्ट भर भी काम करत रहलन।  

एगो हँसमुख प्रतिभा के धनी प्रशांत के असामयिक निधन के खबर जेकरा भी मिलल, ऊ सदमा में आ गइल। फिल्म निर्माता अउर वितरक अभय सिन्हा एकरा के फिल्म इंडस्ट्री खातिर एगो अपूरणीय क्षति बतवलन। फिल्म निर्माता आलोक कुमार एह घटना से सदमा में बाडन, अउर एकरा के आपन निजी क्षति बतवलन। ऊ कहलन कि भोजपुरी फिल्मन के सफलता में प्रशांत के योगदान अतूलनीय बाटे, अउर फिल्म इंडस्ट्री एकरा के हमेशा याद राखी। एकरा अलावा कुणाल सिंह, भरत शर्मा ब्यास, मुर्तजा जाफरी, दिनेशलाल यादव निरहुआ, सुनील बूबना अउर अन्य लोगन का ओर से भी शोक संदेश आइल बा, जवना में ऊ लोग एह घटना पर शोक प्रकट कइले बा, अउर उनका आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कइले बा।

एह शोक का घडी में भोजपुरिया डॉट कॉम एह लोगन के परिवार का संगे बा। हमनी खातिर ई एगो निजी क्षति हवे, काहें कि ई दूनो लोग हमनी के सहयोगी वेबसाइट जयभोजपुरी डॉट कॉम के सदस्य रहे लोग। हमनी का दुआ कर तानी जा कि भगवान ओह लोगन के ई दुख झेले के शक्ति देस, अउर उनका आत्मा के शांति देस।
 
Comments (20)
My condolence
1 Monday, 29 November 2010 12:16
Pankaj Praveen
हमनी का दुआ कर तानी जा कि भगवान ओह लोगन के ई दुख झेले के शक्ति देस, अउर उनका आत्मा के शांति देस...
shocking news of prashant"s death
2 Monday, 29 November 2010 12:47
sunil boobna
just i came to know the tragic news of Prashant and sujit's accidental death. its a shocking news to me and for the bhojpuri industry as well. i knew prashant since last 4-5 yrs. he was a gem of a person and was like a younger brother to me. in a short span prashant with his brother nishant had created a niche place in PRO work. pray to god to give strength to the bereaved families of prashant n sujit. may their soul RIP.
एगो बडहन आघात एगो अपुरणीय क्षति
3 Monday, 29 November 2010 12:50
Navin Bhojpuria
एगो अपुरणीय क्षति बा भोजपुरी सिने जगत के आ टीवी जगत के आ भोजपुरिया दर्शकन खातिर

हम भगवान से एह दुनो लोगन के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना करत बानी आ भगवान से दुआ मांगत बानी की प्रशांत जी के आ सुजीत जी के घर वाला लोगन के एह आघात के , एह अपुरणीय क्षति के सहे के शक्ति देसु ।

एह दुख के घडी मे हमनी के प्रार्थना आ दुआ प्रशांत जी निशांत जी के घर वाला लोगन के संगे बा ।
सदमा में बानी हम...
4 Monday, 29 November 2010 12:59
सुधीर कुमार
एह घटना से हम सदमा में बानी, हमरा भाई नियन रहलन प्रशांत। हम प्रशांत से कइ बेर मिल चुकल बानी, आ परसो आखिरी बार बात भइल रहे, लेकिन ई ना पता रहे कि... हम भगवान से उनका आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कर तानी।
Prashant's Death.............I am very sad
5 Monday, 29 November 2010 14:44
Murtuza Jafri
I am deeply saddened by the death of Prashant. This must be very difficult time for his family as it is for entire bhojpuri industry. prashant IS in my thoughts and my prayers.

Prashant was such a kind person, who will be greatly missed by all who knew him. I will miss his helpful advice. I remember the time when I was releasing "PURAB" he arranged all media matters & helped me until midnight! He called me just a week back,on the day of "Baqraeid" I'll never forget that time. I think about how much I will miss him.

May "ALLAH" bless Nishant (his brother) and his family during this time and always
भोजपुरी के एगो बड़का नुकसान...
6 Monday, 29 November 2010 15:26
संजीव सिंह
भोजपुरी सिने जगत के प्रशांत जी अउर सुजीत जी के कमी पूरा करे में बहुत समय लाग जाई. सचाई त ईहे बा की भोजपुरी सिनेमा आपन अमूल्य धरोहर के खो दे देहलस. हम भगवन से प्रशांत जी अउर सुजीत जी के आत्मा के शांति खतिरा प्राथना करत बानी.

ई त सच बा की तहरा से अब भेट न होई,
पर अंखिया याद करके तहरा के जरुर रोई.
अलविदा दोस्त
7 Monday, 29 November 2010 16:13
UDAY BHAGAT
इस दुःख की घडी में संवेदना प्रकट करने के लिए भी मेरे पास कोई शब्द नहीं है .....प्रशांत भगवान आपको हमसे छीन सकते हैं लेकिन दिल से कभी नहीं निकल सकते ..अलविदा दोस्त
sradhanjali
8 Monday, 29 November 2010 16:16
kundan
प्रशांत भाई के आकस्मिक निधन से मन व्यथित हो गया ...भगवान उनकी आत्मा को शांती दे
कुंदन कुमार चौधरी
रांची
comment
9 Monday, 29 November 2010 17:05
anup narayan singh
parsnt kai maut kai khabar bara hi dard dai gail hamara sai unka bara nikta rahi. jab kabhi bhi bhojpuri film kai publicity kai itihas likhai parsant okar hero rahian .unka maut sai bhail chhaty apurnia baa bhagwan unka pariwar kai e dard sahai kai sakti dai...............ANUP NARAYAN SINGH
comment
10 Monday, 29 November 2010 17:43
BIPIN KUMAR SINGH
tarai anai ki aas hai dost ay sam kuch udas hai dost dil aiy kahata hai tu kahi aas pass hai dost. hum tumhai bhula na payngai
comment
11 Monday, 29 November 2010 17:45
bipin kumar singh editor bihari khabar
TUM BAHUT YAD AAOGE
बहुल ही दुखद समाचार
12 Monday, 29 November 2010 17:54
mantosh singh
बहुल ही दुखद समाचार बा
भगवान उनका आत्मा के शांति दें
ईश्वर उनकी आत्मा को शांति प्रदान करे
13 Monday, 29 November 2010 18:19
Ashwani Shukla
प्रशांत जी का आकस्मिक निधन भोजपुरी फिल्म उद्योग के लिए एक दुःख की घडी है . ईश्वर उनकी आत्मा को शांति प्रदान करे और उनके परिवारवालों को इस दुःख को सहन करने की शक्ति दे .
condolence
14 Monday, 29 November 2010 19:49
samar k mukherjee
I am shocked and grief stricken to learn Prashant's death,
and express profound sorrow and condolences his family.
prashant ke nidhan par pratikriya .
15 Monday, 29 November 2010 21:41
Dr. R. K. Dubey , Chairman , Bhojpuri Academy ,Bihar
सुधीर जी , प्रशांत जी छोट उम्र में ही बहुत बड उपलब्धि हासिल कैले रहन उनुकर /हंसमुख स्वभाव के वजह से बहूत लोकप्रिय रहन / भोजपुरी समाज खातिर इ अपूर्णीय छति बटे /

अध्यक्छ , भोजपुरी अकादमी ,( बिहार सरकार )
sudden demise of prashant
16 Monday, 29 November 2010 23:37
ips yadav
it's just shocking n unbelievable! very very difficult to believe, when i heard this traumatic news via a sms by a friend, it shocked me, prashant was just a young chap and he had just started his career,.. even though he was on top bracket in the bhojpuri pr and had a quite infinite opportunities to go too far. but who can control the almighty's wishes? i had a few chances while i met him n found very nice guy. god may rest his soul in the altimate peace.
Yeh jankar Dukh huaa
17 Tuesday, 30 November 2010 13:28
Mahes Narain Shukla
Yeh jankar bada dukh hua ki ab humare beech ek aise husti nahi rahe jo bhojpuri film ki janta ke beech kadi toot si gai lagti hai, Bhagwan Prashant ji ki Atma ko Shanti De
very sad
18 Tuesday, 30 November 2010 21:00
bholendra patel
hamko bahut bada sadma laga jab hame pata chala ki prashant bhai nahi rahe hame wo pal yaad hai jab bhi unse mulakat hoti thi to ek urja milti thi ki kaise aapne kam ke liye lage rahna chahiye.
he bhagwan please prashant bhai ke atma ko santi de.

bholendra patel
president
purvanchal film development association
comment
19 Thursday, 23 December 2010 17:25
arvind mishra
parshant ji hum bari najdik se janat tani unkara jaishan inshan duniya me me naikhan aa mahua channel ke jamin se aasman tak pahuchawal parshant or ishant ke hi den ha
shok
20 Thursday, 16 February 2012 23:47
ajay kumar gkp
Mai Bhagvan se vinati kar rahal bani ki unke atma ke santi deve.