Home Cinema News का निरहुआ खातिर शुभ नइखे हैदराबाद?

का निरहुआ खातिर शुभ नइखे हैदराबाद?

E-mail Print PDF
share
हैदराबाद। दक्षिण भारत के हैदराबाद से आ रहल ई खबर भोजपुरी अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ के चाहे वालन खातिर बढिया नइखे। खबर बा कि निरहुआ पर मइया आ गइल बाडी, माने शूटिंग के दौरान निरहुआ के चेचक हो गइल बा, जेकरा वजह से पूरा देह में हो रहल जलन आ बोखार से ऊ परेशान बाडन।

हैदराबाद में फिल्म "आखिरी रास्ता" के शूटिंग कइ रहल निरहुआ के एह वजह से आधा में शूटिंग छोड के वापस मुंबई आये के पडल ह, जहँवा ऊ अपना माता जी के देख-रेख में भोजपुरिया समाज में लम्बे समय से चलल आ रहल मान्यता के अनुरुप इलाज करा रहल बाडन।

एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि पिछला साल हैदराबाद में अगस्त के महीना में ही फिल्म "निरहुआ न. 1" के शूटिंग के दौरान भइल दुर्घटना में इनकर एगो गोड टूट गइल रहे। एह साल भइल एह घटना के बाद भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री से जुडल कई लोग हैदराबाद के निरहुआ खातिर अशुभ बता रहल बाटे, आ उनका के आगे से ओहिजा शूटिंग ना करे के सलाह देता।

निरहुआ के लाखों चाहेवालन का संगे-संगे भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार भी उनुकर जल्दी स्वस्थ होखे के कामना करता।

 

 
Comments (6)
Hi
1 Monday, 23 August 2010 18:07
UDAY BHAGAT
JYAAD SHOOTING SE THAKAAN HOTA HI HAI.....AISE ME TABIYAT KHARAB HONA KOI BADI BAAT NAHI HAI.... RAHI BAAT PICHLE SHOOTING KI TO WO EK HAADSA THA. ....................
hi,
2 Friday, 24 September 2010 16:31
Neelkant
aesa koi bat nahi hai ki aapko hydrabad sut nahi karta sirf wo kahne bat wo aek hadsa tha film suting me tabiyat to kharab hoga hi jab hard work hoga to.
sut jarur kari haidrabad
3 Saturday, 25 September 2010 19:37
ravi kumar
chinta mat kari dineshlal ji samay 2 ke bat hola .
aaj nahi t kal din sudhariye hi jae...........
chinta mat kari,,,,,,,,,,,,,
bhagwan aap ke jaldi se nirog kar de ta achha rahi.....
addvices
4 Sunday, 05 December 2010 16:21
Gyanendra yadav
You r a good hiro in bhojpuri cinema. i think cooling not accept your body. but don;t very all is well.
you will fit soon.

i"m Gyanendra yadav ghazipur.
but this time i live in mumbai . i am a system netwark administrator.
call
5 Sunday, 05 December 2010 16:26
gyan
good come soon.
wishes
6 Monday, 17 January 2011 19:08
bharat guipta
aap jaldi thhik ho yahi meri kamna