मुंबई। बिहार के एगो गाँव से विश्वपटल पर भोजपुरी के अमिट छाप छोड़ जाये वाला अउर अपना बुलंद हौसला से माटी के प्रेम में अपना संस्कृति खातिर जुझत रहे वाला भोजपुरिया स्टार मनोज तिवारी भोजपुरिया लोगन के दिल पे राज कर रहल बाडन। एगो क्रिकेटर, लोक गायक, एंकर, नेता अउर बहुमुखी प्रतिभा के धनी भोजपुरी के लोकप्रिय अभिनेता मनोज तिवारी "मृदुल" एगो लम्बा अरसा बाद एक बार फेर भोजपुरिया सिनेमा के पर्दा पर नज़र आवे वाला बाडन। मुंबई में उत्तर भारतीय लोगन पर हमला पर आधारित मनोज तिवारी के बहुचर्चित फिल्म "भोजपुरिया डॉन" आज भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर रिलिज होखे जा रहल बाटे, अगर खबरन पर भरोसा कइल जाव, त फिल्म से जुडल लोग एकरा के "ससुरा बड़ा पइसावाला" से भी बेहतर मान रहल बाटे।भोजपुरिया सिनेमा के पर्दा पर एक बार फेर धमाकेदार वापसी पर मनोज तिवारी भोजपुरिया डाट कॉम से लमहर बातचीत में एह फिल्म आ कैरियर से जुडल सवालन के जबाब बहुत बेबाकी से दिहलन। एहिजा हमनी का ओही बातचीत के कुश खास अंश दे रहल बानी जा:
मनोज जी, भोजपुरिया सिनेमा के पर्दा पर लमहर अन्तराल के बाद वापसी के कारण का रहल ?
भोजपुरी का संगे-संगे अउर सामाजिक कार्यं में व्यस्त रहला के वजह से समय ना मिल पावत रहे अउर ओकरा संगे हमरा कुछ बढ़िया स्क्रिप्ट आ कहानी के भी इन्तजार करत रहनी। भोजपुरिया डॉन एगो अलग आ गंभीर विषय पर बनल फिल्म बाटे, एकरा वजह से हम अपना के फिर से सिनेमा मे आवे से रोक ना पवनी।
भोजपुरिया डॉन के विषय वस्तु अउर कहानी का बा ?
"भोजपुरिया डॉन" मुंबई में हो रहल उतर भारतीय लोगन पर अत्याचार के कहानी बा, जवना में एक्शन अउर थ्रिल के भरमार बा। ओकरा संगे-संगे पूरा कहानी सच्चाई पर आधारित बा।
"भोजपुरिया डॉन" शाहरुख़ खान वाला डॉन अउर अमिताभ बच्चन वाला डॉन में का समानता बा?
एह दुनो डॉन अउर भोजपुरिया डॉन में कुछ समानता नइखे। भोजपुरिया डॉन में उत्तर भारत से मुंबई से आइल एगो सब्जी विक्रेता से भोजपुरिया डॉन बनला के हालत के कहानी बा। हालात के शिकार एगो आम आदमी के जिनगी में का का हो सकेला एही पर इ फिल्म बा।
एह फिल्म में तीन गो अभिनेत्री के का जरुरत पड़ गईल ?
एह फिल्म में मोनालिसा, उर्वशी चौधरी आ स्वेता वर्मा भी मुख्या भूमिका में बाड़ी। एह लोगन के पात्र कहानी के मांग रहे, अउर फिल्म में एह लोगन के कमाल के अभिनय देखे के मिली।
जुर्म आ सिस्टम के खिलाफ लड़ाई के एह कहानी पर राउर का विचार बा अउर एहमें केतना सच्चाई बा ?
देखीं, इ कहानी एगो आम आदमी के बा, जेकर हालात ओकरा के जुर्म आ सिस्टम से लड़े पर मजबूर करी देहले बाटे। इ बात हर आम आदिमी पर लागु हो सकेला।
सुने में आवता की "भोजपुरिया डॉन" में राउर भूमिका एगो एंग्री यंगमैन के बा ?
जी, फिल्म के कहानी जुर्म आ घोर अत्याचार के खिलाफ लड़ाई के बा त यंग्री यंगमैन त बनहीं के पड़ी, वइसे एह फिल्म में कई गो दिलचस्प एक्शन के दृश्य भी देखे के मिली। एह फिल्म के कहानी मुंबई में रहे वाला हर उतर भारतीय के कहानी बा, जे भोजपुरी सिनेमा के एगो नया दिशा दिही।



Aapka Bhai Shivam